देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। जिला के आदर्श कल्याण सेवा समिती के ओर से संचालित अनन्त महाप्रभु कोचिंग सतरांव में युवा कार्यक्रम खेल मंत्रालय भारत सरकार के ओर से महात्मा गांधी आ लाल बहादुर शास्त्री के जन्मदिन के अवसर पर पुष्प माला पहनाके आउर दीप प्रज्ज्वलित कs के कार्यक्रम के विधिवत सुभारंभ कइल गइल।
नवहा वालेंटियर राहुल मल्ल आ शिवम पाण्डेय के नेतृत्व में कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। शिवम महात्मा गांधी के जीवन मूल्य के वर्णन करत कहलें कि गांधी अहिंसा के पुजारी रहस। ऊ अहिंसा परमो धर्म के सिद्धांत के मानते रहस। ऊ देस के आजादी में आपन महत्वपूर्ण जोगदान देले बाड़ें। ऊ आजादी खातिर कइयन गो आंदोलन चलवलें। ब्रिटिश शासन काल के ऊ भारत से समाप्त कs देलें आ देशवासियन के देस अंग्रेजन से दिलवलें।
लाल बहादुर शास्त्री के जीवन पs प्रकाश डालत ऊ कहलें कि भारत के दूसरका प्रधानमंत्री के रूप में ऊ भारत आ पाकिस्तान के युद्ध के दौरान ऊ अपना महत्वपूर्ण भूमिका निभवले आ भारत के सफलता मिलल रहे। एह दौरान अखिलेश सिंह, सिद्धार्थ सिंह, राजन खरवार, आदर्श सिंह, अनुराग सिंह, संजना सिंह, प्रिय कुमारी, चांदनी शर्मा आदि लोग मवजूद रहे।