[the_ad_group id="30365"]

महराजगंज महोत्सव: रामजी से पूछे जनकपुर के नारी, बता द बबुआ, लोगवा देला काहें गारी…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामजी से पूछे जनकपुर के नारी, बता द बबुआ, लोगवा देला काहें गारी, बता द बबुआ… के प्रस्तुति से लोक गायिका मैथिली ठाकुर महोत्सव के दूसरी रात के खास बना दिहलीं। मैथिली एक से बढ़कर एक मधुर गीत सुना के पंडाल में मौजूद दर्शकन के मंत्रमुग्ध कs दिहली।
मैथिली ठाकुर भोजपुरी गीत ओ पहुंना, मिथिले में रहु ना, जौने सुख बा ससुुरारी में, तौन सुख बा कहुं नां सुनाकर लोग के वाहवाही लूटली। हम कथा सुनाते राम सकल गुण धाम की, ये रामायण है पुण्य कथा श्रीराम की… प्रस्तुति दे के माहौल के भक्तिमय बना दिहलीं। ‘ले चला अपनी नगरिया, अवध बिहारी सांवरिया और नगरी हो अयोध्या सी, रघुकुल सा घराना हो, चरण हो राघव के जहां मेरा ठिकाना… ‘ गाके लोग के सुर सरिता में खूब गोता लगववली।

पनिया के जहाज से पलटनिया बनी अईहा, पिया लेले अईला हो, पिया सिंदूर बंगाल से आदि गीतन के प्रस्तुति दे के मैथिली महफिल के अपने नाम कs लिहली। उनके गीतन के लोग मंत्रमुग्ध होकर सुनत रहल। कई दर्शक त उनके सुर में सुर भी मिलावत रहल।

निरहुआ नाम ह… पर झूमलें दर्शक लोग

महोत्सव के दूसरे दिन कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि पधारल भोजपुरी स्टार अउरी भाजपा सांसद दिनेश लाल यादव निरहुआ आईल दुआरे बानी हे दुर्गे माई… रउआ से आपन का परिचय बताई, निरहुआ नाम ह अउर निरहुआ रिक्शावाला के प्रस्तुति दे के दर्शकन के मनोरंजन कइलें। उ लोक गायिका मैथिली ठाकुर, केंद्रीय वित्त राज्यमंत्री पंकज चौधरी, विधायक जयमंगल कन्नौजिया, ज्ञानेंद्र सिंह, ऋषि त्रिपाठी अउरी जिलाधिकारी सत्येंद्र कुमार के संगे कार्यक्रम के शुभारंभ कइलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]