Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Made in India : मोदी सरकार के बड़ फैसला! Google के टक्कर देइ ‘आत्मनिर्भर’ वेब ब्राउज़र!

आत्मनिर्भर’ भारत योजना के विस्तार के रूप में भारत सरकार स्वदेशी वेब ब्राउज़र के सपोर्ट करे खातिर एगो कार्यक्रम शुरू कईले बिया।

1,822

 

indigenous web browser : आपन ‘आत्मनिर्भरता’ पिच बढ़ावे खातिर भारत सरकार जल्दिए एगो स्वदेशी बनावल वेब ब्राउजर विकसित करी। एह वेब ब्राउजर गूगल क्रोम, मोज़िला फायरफॉक्स, माइक्रोसॉफ्ट एज, ओपेरा आ अइसने अउरी ब्राउजरन के कड़ा मुकाबला होखी।

वेब ब्राउजर विकास के चुनौती 

वेब ब्राउजर डेवलपमेंट चैलेंज में कुल तीन करोड़ रुपिया से अधिका के वित्तीय अनुदान दिहल गइल बा। एकर निगरानी इलेक्ट्रॉनिक्स आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्रालय के विभाग करीहें। भारतीय डेवलपर्स लोग के एह चुनौती के माध्यम से वेब ब्राउजर डेवलपर्स में महारत हासिल करे के मौका मिल रहल बा।

वेब ब्राउजर 2024 के अंत ले लॉन्च हो जाई

मोदी सरकार के उम्मीद बा कि 2024 के अंत ले स्वदेशी वेब ब्राउज़र के विकास अवुरी लॉन्च पूरा हो जाई। एकरा खातिर घरेलू स्टार्टअप, शैक्षणिक संस्थान आ निगमन के एहमें शामिल होखे के नेवता दिहल गइल बा। एगो सरकारी अधिकारी के मुताबिक सरकार घरेलू वेब ब्राउज़र के अपनावे में भी मदद करी।

आत्मनिर्भर’ वेब ब्राउजर के जरूरत काहे?

स्वदेशी वेब ब्राउजर : ‘आत्मनिर्भर’ वेब ब्राउजर तइयार करे खातिर तीन करोड़ रुपिया के फंडिंग के इंतजाम कइल गइल बा। एकर निगरानी इलेक्ट्रॉनिक्स आ आईटी मंत्रालय आ ओकर आपन विभाग करीहें। एगो अधिकारी के मुताबिक, जईसे भारत दुनिया के तीसरा सबसे बड़ अर्थव्यवस्था बने के दिशा में तेजी से आगे बढ़ता, एहसे इ सबसे जादे महत्व के बा कि हमनी के अपना डिजिटल भाग्य पs नियंत्रण होखे। हमनी के ओह क्षेत्रन में विदेशी वेब ब्राउजर पर निर्भर ना होखल चाहत बानी जा। अइसना में हमनी खातिर एगो आत्मनिर्भर वेब ब्राउजर होखल बहुते जरूरी बा।

ब्राउजर बाजार में सबसे आगे गूगल क्रोम

जुलाई के सिमिलरवेब के आंकड़ा के मुताबिक, भारत में 88.47 प्रतिशत बाजार हिस्सेदारी के संगे गूगल क्रोम अग्रणी बनल बा, जवन कि करीब 85 करोड़ यूजर वाला एगो बड़ इंटरनेट बाजार ह। एकरा बाद सफारी 5.22 प्रतिशत के संगे दूसरा नंबर पs बा। माइक्रोसॉफ्ट एज के 2 प्रतिशत नंबर तीन, सैमसंग इंटरनेट के 1.5 प्रतिशत के संगे चार नंबर पs, मोजिला फायरफॉक्स 1.28 प्रतिशत के संगे पांचवा नंबर पs बा।

सरकार के ए फैसला से भारत के डिजिटल दुनिया में आगे बढ़े में मदद मिली

मोदी सरकार के इ फैसला भारत के डिजिटल दुनिया में आगे बढ़े में मदद करी। ई ‘मेड इन इंडिया’ विचार के नया ऊंचाई पs ले जाए खातिर एगो कदम बा आ भारतीय वेब ब्राउजरन के सुरक्षित, तेज, आ उन्नत ब्राउजिंग अनुभव पावे में मदद करी। अब हमनी के देखे के होई कि हमनी के ए पहल के संगे नाया दिशा-निर्देश में कईसे बढ़तानी।

आज के बदलत डिजिटल युग में ‘मेड इन इंडिया’ के संकल्प हमनी के आत्मनिर्भर अवुरी सुरक्षित डिजिटल स्पेस के ओर बढ़े में मदद करी। सरकार के ई पहल स्वागत योग्य बा आ हमनी के उमेद बा कि ई भारतीय वेब ब्राउजर के नया दिशा देबे में सफल होखी।

622740cookie-checkMade in India : मोदी सरकार के बड़ फैसला! Google के टक्कर देइ ‘आत्मनिर्भर’ वेब ब्राउज़र!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.