[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ में डेंगू के कहर : तीन दिन में मिललें डेंगू के 52 मरीज, कई मरीज सरकारी अउर निजी अस्पताल में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ में डेंगू के प्रकोप कम नाइ हो रहल बा। बीतल तीन दिन में अलग-अलग इलाकन से डेंगू के 52 मरीज मिलल बानें। एहमें से कई सरकारी अउर निजी अस्पताल में भर्ती बानें। जौने इलाकन से डेंगू मरीज मिलल बानें, उहां एंटीलार्वा के छिड़काव संग फॉगिंग भी करावल जा रहल बा।
सीएमओ प्रवक्ता योगेश बतवलें कि बीतल 24 अक्तूबर के डेंगू के 17 मरीज मिलल रहलें। एहमें सिल्वर जुबली इलाके में 2, चंदननगर में 5, अलीगंज में 4, इंदिरानगर में 3 व चिनहट में 2, एनके रोड पर एक मरीज मिललें। 25 अक्तूबर के डेंगू मरीजन के आंकड़ा कुछ कम भइल। 14 डेंगू रोगी पावल गइलें। चंदननगर में 4, सिल्वर जुबली में 2, इंदिरानगर में 3, चिनहट में 2, टूडियागंज में 2, अलीगंज में 1 में केस मिलल। बुध के डेंगू मरीजन के आंकड़ा फिर बढ़ गइल।
अलग-अलग इलाका में 21 डेंगू मरीज मिललें, जेमें चंदननगर में 3, सिल्वर जुबली में 2, इंदिरानगर में 3, चिनहट में 3, टूडियागंज में 2, अलीगंज में 2, सरोजनीनगर में 3, मोहनलालगंज में 2, एनके रोड में 1 केस पावल गइल। टीम के जरिये 415 घर अउर आसपास मच्छरजनित स्थिति के सर्वेक्षण कइल गइल। तीन घर में मच्छरजनित स्थिति पावल गइले पर उनके नोटिस जारी कइल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]