Ram Navami 2025 Ayodhya : पवित्र सरयू में स्नान के संगे अयोध्या में रामनवमी परब के उत्सव के आगाज हो गइल। सबेरही से देस-बिदेस से पहुंचल श्रद्धालु सरयू में आस्था के डुबकी लगावे खातिर अलग-अलग घाटन पs पहुंचे लागल बा लो। घाटन पs बहुते भीड़ बा। जय श्री राम के उद्घोष लगावत श्रद्धालु स्नान कs रहल बा लो। सरयू स्नान के बाद श्रद्धालुअन के कारवां नागेश्वर नाथ, हनुमानगढ़ी, कनक भवन आ राम मंदिर के ओर रवाना हो रहल बा। सरयू के घाटन पs सुरक्षा के विशेष इंतजाम कइल गइल बा। जल पुलिस के संगे एसडीआरएफ आ एनडीआरएफ के तैनाती कइल गइल बा। राम मंदिर में दर्शन पूजन के दौर सुरू हो गइल बा। मंदिर परिसर के बाहर भक्तन के लमहर कतार देखे के मिल रहल बा। राम मंदिर के संगे हनुमान गढ़ी में बड़ संख्या में भक्त दिख रहल बा लो।
अइसे होई जन्मोत्सव के कार्यक्रम
रामलला के दरबार में तनिका देर में जन्मोत्सव के कार्यक्रम सुरू हो जाई। सबसे पहिले रामलला के अभिषेक कइल जाई। ई करीब एक घंटा चली। ओकरा बाद परदा पड़ जाई आ भोग प्रसाद लगावल जाई। 10 मिनट के ठहराव के बाद फेर रामलला के श्रृंगार कइल जाई। एकर अवधि एक घंटा के करीब होई। एकरा बाद फेर 10 मिनट खातिर ठहराव आई। भोग प्रसाद लागी आ फेर ठीक दुपहरिया 12:00 बजे रामलला के जन्म होई। एह दौरान सूर्य के किरणन से रामलला के ललाट पs तिलक कइल जाई। उनका मस्तक पs सूर्याभिषेक होई। एह पल के साक्षी पूरा दुनिया बनी। अलग-अलग माध्यमन से एकर लाइव प्रसारण कइल जाई। अयोध्या में जगह-जगह एलईडी से लाइव प्रसारण के इंतजाम कइल गइल बा। राम मंदिर के बहरी एकर अलग-अलग जगहन पs देखल जा सकी। एह दौरान जे श्रद्धालु राम मंदिर में मवजूद रही लो, ऊ एकर साक्षात दर्शन करे के सौभाग्यशाली बनी लो।
12 बजे होई सूर्य तिलक
रामलला के दरबार में रामजन्मोत्सव के तइयारी पूरा हो चुकल बा। एह साल रामनवमी के दिन, जब रामलला के जन्मोत्सव मनावल जाई, ठीक ओहि समय सूर्य तिलक होई। तीन सुभ योग रवि योग, सर्वार्थसिद्धि योग आ सुकर्मा में रामलला के सूर्य तिलक कइल जाई। एह महत्वपूर्ण अवसर पs सनीचर के लगातार तीसरका दिन सूर्य तिलक के सफल ट्रायल कइल गइल।
सनीचर के दुपहरिया ठीक 12 बजे सूर्य के किरण रामलला के मस्तक के आलोकित कइल गइल आ ई प्रक्रिया लगभग चार मिनट तक चलल। अतवार के सूर्य तिलक के ई प्रक्रिया चार मिनट तक चली। एकरा खातिर मंदिर के ऊपरी तल पs रिफ्लेक्टर आ लेंस स्थापित कइल गइल बा। ताकि सूर्य के किरण सटीक रूप से रामलला के ललाट पs पहुंच सकल। सूर्य के रश्मियन लेंस के माध्यम से दूसरका तल के मिरर पs पहुंची आ फेर एह किरणन के टीका 75 मिलीमीटर के आकार में रामलला के ललाट पs दैदीप्तिमान होई। ई प्रक्रिया सूर्य के गति आ दिशा पs निर्भर करी। सूर्य तिलक के संगे-संगे रामलला के अभिषेक, श्रृंगार आ आउर धार्मिक कार्यक्रमन के लाइव प्रसारण कइल जाई, ताकि देस-दुनिया के भक्त एह ऐतिहासिक क्षण के साक्षी बन सकी लो।
चप्पा-चप्पा पs होई सुरक्षा बेवस्था
रामनवमी परब के पूर्व संध्या पs अयोध्या धाम रेलवे स्टेशन पs सुरक्षा व्य बेवस्था के लेके विशेष तइयारी कइल गइल बा। आरपीएफ के जवान सनीचर के इंस्पेक्टर यशवंत सिंह के नेतृत्व में स्टेशन परिसर में फ्लैग मार्च कs के यात्रियन में सुरक्षा के अहसास करावल लो।
स्टेशन पs यात्रियन के भीड़ के नियंत्रित करे आ ओह लोगल के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर 200 आरपीएफ जवानन के तैनात कइल गइल बा। यात्रियन के प्रवेश खातिर तीन एंट्री गेट बनावल गइल बा, जबकि निकासी खातिर गेट आ एगो आपातकालीन गेट निर्धारित कइल गइल बा। पूरा स्टेशन परिसर में 235 सीसीटीवी कैमरन से निगरानी कइल जा रहल बा आ संदिग्ध व्यक्तियन से लगातार पूछताछ कइल जा रहल बा। कवनो यात्री के ट्रैक पार करे के अनुमति नइखे दिहल जा रहल बा।
Read Also: Kunal Kamra Row: तीसरको समन पs ना पेश भइलें कुणाल कामरा, Book My Show लिस्ट से हटवलस कॉमेडियन के नाम