[the_ad_group id="30365"]

Kunal Kamra Row: तीसरको समन पs ना पेश भइलें कुणाल कामरा, Book My Show लिस्ट से हटवलस कॉमेडियन के नाम

Kunal Kamra Row: तीसरको समन पs ना पेश भइलें कुणाल कामरा, Book My Show लिस्ट से हटवलस कॉमेडियन के नाम
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई : स्टैंडअप कामेडियन कुणाल कामरा मुंबई पुलिस के तीसरको समन पs ओकरा सामने हाजिर ना भइलें। उपमुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे पs अशोभनीय टिप्पणी कइला के कारण उनका विरुद्ध मुंबई में एफआईआर दर्ज बा। बतावल जा रहल बा कि ऊ एह समय पुडुचेरी में रह रहल बाड़ें।

महाराष्ट्र के डिप्टी सीएम एकनाथ शिंदे के नाम लेले बिना उनका के गद्दार कहके उनका विरुद्ध अशोभनीय टिप्पणियां करे के कारण कुणाल कामरा के खिलाफ मुंबई, नासिक आ जलगांव में तीन अलग-अलग एफआईआर दर्ज कइल गइल रहे।

तीसरको समन में हाजिर ना भइलें कामरा

ई तीनो एफआईआर मुंबई के खार पुलिस थाना के स्थानांतरित कइल जा चुकल बा। एहिसे कामरा के खार पुलिस के सामने हाजिर होखे के बा, बाकिर ऊ तीसरको समन पs हाजिर ना भइलें। दूसरका ओर मद्रास उच्च न्यायालय सात अप्रिल तक उनका के अंतरिम अग्रिम जमानत दे देले बा।

बुक माय शो एप से हटावल गइल कुणाल कामरा के नाम

ओने, शिवसेना शिंदे गुट दावा कइले बा उनका पार्टी के इंटरनेट मीडिया इंचार्ज राहुल कनाल द्वारा पत्र लिखला के बाद टिकट बुकिंग एप ‘बुक माय शो’ अपना प्लेटफॉर्म से कुणाल कामरा के नाम आ उनकर प्रोफाइल हटा देले बा। लिस्ट में अब उनकर नाम अब नइखे दिख रहल।

Read Also: High Court : जस्टिस यशवंत वर्मा लेलें न्यायाधीश पद के शपथ, मुख्य न्यायाधीश दिलवलें ई शपथ, HCBA जतवलस आपत्ति

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]