[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा चुनाव: भाजपा के दूसरका लिस्ट खातिर पैनल तइयार, यूपी के बचल 29 सीटन में 24 पs पार्टी उतारी प्रत्याशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री आवास पs बुध के सांझ भाजपा कोर कमेटी के बैठक में लोकसभा चुनाव के प्रत्याशियन के दूसरका सूची खातिर पैनल तइयार कs लिहल गइल बा। ओहिजा, चार सीटन पs विधानसभा उप चुनावो ला प्रत्याशियन के नामन पs मंथन भइल।

भाजपा दु मार्च के यूपी में लोकसभा के 80 में से 51 सीटन पs प्रत्याशी घोषित कइले रहे। बाकी 29 सीटन में से दु सीट गठबंधन में रालोद के दिहल गइल बा। दु सीट अपना दल एस आ एक सीट सुभासपा के दिहल जाई। बाकी 24 सीटन पs भाजपा आपन प्रत्याशी उतारी। बैठक में एह सीटन पs प्रत्याशी चयन खातिर दावेदारन, मवजूदा सांसदन आ 2019 में हारल प्रत्याशियन पs मंथन भइल। सूत्रन के मोताबिक पार्टी कुछ सीटन पs नया चेहरन के उतारी।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ प्रदेश चुनाव प्रभारी बैजयंत पांडा के मवजूदगी में भइल बैठक में पीएम नरेंद्र मोदी के आजमगढ़ आ वाराणसी दौरा के संगे चुनावी तइयारियो पs मंथन भइल। बैठक में उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य, ब्रजेश पाठक, भाजपा प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी आ महामंत्री संगठन धर्मपाल सिंह मवजूद रहे लो।

लोकसभा के संगे होई विधानसभा के चार सीटन पs उप चुनाव

लोकसभा चुनाव के संगही प्रदेश में लखनऊ पूर्वी, शाहजहांपुर के ददरौल, बलरामपुर के गौसड़ी आ सोनभद्र के दुद्दी विधानसभा सीट पs उप चुनाव होई। कोर कमेटी के बैठक में एहु सीटन पs दावेदारन के नाम पs चरचा भइल। एमे से लखनऊ पूर्वी, ददरौल आ दुद्दी सीट भाजपा के लगे रहे, जबकि गैसड़ी सपा के लगे रहे।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]