Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव: 5वें चरण में एह 49 सीटन पs मतदान शुरू हो जाई, एह हॉट सीट पs रही नजर

214

इंडियन इलेक्शन 2024 फेज 5 वोटिंग : आज छह गो राज्य आ दू गो केंद्र शासित प्रदेश के 49 गो लोकसभा सीट प मतदान हो रहल बा । महाराष्ट्र के 13, उत्तर प्रदेश के 14, पश्चिम बंगाल के 7, बिहार के 5, झारखंड के 3, ओडिशा के 5 आ जम्मू-कश्मीर आ लद्दाख के एक-एक सीट प मतदान होखता।

आज छह गो राज्य आ दू गो केंद्र शासित प्रदेश के 49 गो लोकसभा सीट पs मतदान हो रहल बा । महाराष्ट्र के 13, उत्तर प्रदेश के 14, पश्चिम बंगाल के 7, बिहार के 5, झारखंड के 3, ओडिशा के 5 आ जम्मू-कश्मीर आ लद्दाख के एक-एक सीट प मतदान होखता।

एह चरण में रायबरेली आ अमेठी नाम के दू गो ‘हाई प्रोफाइल’ सीट पs भी मतदान हो रहल बा। रायबरेली से कांग्रेस अध्यक्ष रहल राहुल गांधी आ अमेठी से केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी मैदान में बाड़ी ।

पांचवा चरण में जवना सीट प मतदान होखता, ओमे से चालीस से जादे सीट राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के संगे रहे। पांचवा चरण में 4.26 करोड़ महिला आ 5,409 ‘तीसरा लिंग’ मतदाता समेत 8.95 करोड़ से जादे लोग मतदान के पात्र बाड़े आ 94,732 मतदान केंद्र प 9.47 लाख मतदान अधिकारी के तैनाती कइल गइल बा।

पांचवा चरण के लोकसभा चुनाव में कई गो केंद्रीय मंत्री प्रमुख उम्मीदवार में शामिल बाड़े। एहमें राजनाथ सिंह (लखनऊ, उत्तर प्रदेश), पीयूष गोयल (मुंबई उत्तर, महाराष्ट्र), साध्वी निरंजन ज्योति (फतेहपुर, उत्तर प्रदेश) आ शांतनू ठाकुर (बनगांव, पश्चिम बंगाल), लोजपा (रामविलास) नेता चिराग पासवान (हाजीपुर, बिहार)।

उत्तर प्रदेश में एह चरण में मोहनलालगंज (आरक्षित), लखनऊ, राय बरेली, अमेठी, जालौन (आरक्षित), झांसी, हमीरपुर, बांडा, फतेहपुर, कौशाम्बी (आरक्षित), बाराबंकी (आरक्षित), फैजाबाद, कैसरगंज बा , गोंडा में मतदान हो रहल बा।

  1.  केरल के वायनाड से चुनाव लड़े वाला राहुल गांधी नेहरू-गांधी परिवार के गढ़ रायबरेली से चुनाव लड़त बाड़न जवना के प्रतिनिधित्व साल 2004 से उनकर महतारी सोनिया गांधी करत रहली । भाजपा एह सीट से उत्तर प्रदेश के मंत्री दिनेश प्रताप सिंह के खड़ा कइले बिया ।
  2. अमेठी में केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी चुनाव लड़त बाड़ी, जबकि कांग्रेस गांधी परिवार के करीबी केएल शर्मा के मैदान में उतारले बिया। 2019 के लोकसभा चुनाव में ईरानी अमेठी में राहुल गांधी के हरा देले रहली। रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के नजर लखनऊ से चउथा कार्यकाल पs बा। उनकर मुकाबला सपा के वर्तमान विधायक (लखनऊ सेंट्रल से) रविदास मेहरोत्रा से बा।
  3. जम्मू कश्मीर के बारामूला में 22 उम्मीदवार मैदान में बाड़े। राज्य के पूर्व मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला भी ए सीट से चुनाव लड़तारे। एह क्षेत्र में 17.37 लाख मतदाता मतदान के पात्र बाड़े। लद्दाख में कांग्रेस उम्मीदवार सेरिंग नामग्याल, भाजपा के ताशी ग्याल्सन आ निर्दलीय उम्मीदवार नेका के विद्रोही नेता हाजी हनीफा जान के बीच कड़ा मुकाबला होखता।
  4. पश्चिम बंगाल के सात संसदीय क्षेत्र में मतदान हो रहल बा। राज्य के बनगांव, बैरकपुर, हावड़ा, उलुबेरिया, सेरामपुर, हुगली आ अरमबाग लोकसभा सीट पs मतदान हो रहल बा । बैरकपुर में भाजपा उम्मीदवार अर्जुन सिंह तृणमूल कांग्रेस के पार्थ भौमिक आ भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी मार्क्सवादी (माकपा-एम) के देबदूत घोष से मुकाबला करतारे।
  5. आज बिहार, सारण, मुजफ्फरपुर, हाजीपुर, सीतामढ़ी आ मधुबनी के पांच गो लोकसभा सीट पs भी मतदान हो रहल बा। चिराग पासवान हाजीपुर से चुनाव लड़ रहल बाड़े।
  6. झारखंड के तीन गो लोकसभा सीट आ गांडेय विधानसभा सीट के उपचुनाव पर भी मतदान हो रहल बा। ओडिशा के 35 विधानसभा क्षेत्र में भी मतदान हो रहल बा, जहां भाजद के अध्यक्ष आ मुख्यमंत्री नवीन पटनायक उम्मीदवार में शामिल बाड़े।
833620cookie-checkलोकसभा चुनाव: 5वें चरण में एह 49 सीटन पs मतदान शुरू हो जाई, एह हॉट सीट पs रही नजर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.