[the_ad_group id="30365"]

ओडिशा के पुरी में पीएम मोदी के रोड शो, संबित पात्रा के खातीर कइले प्रचार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के देखत पांचवा चरण के मतदान सोमार 20 मई 2024 के हो रहल बा। एह चरण के बाद छठवाँ आ सातवाँ चरण के मतदान 25 मई आ एक जून के करावल जाई. एह क्रम में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ओडिशा के पुरी लोकसभा क्षेत्र में भाजपा उम्मीदवार संबित पात्रा खातिर रोड शो कइले बाड़न. सड़क पs भईल एs शो में संबित पात्रा भी पीएम मोदी के संगे देखाई देले। सोमार के दिने सबेरे आठ बजे से प्रधानमंत्री सड़क शुरू हो गइल. जानकारी के मुताबिक पीएम मोदी इहाँ भाजपा के नेता लोग के संगे समीक्षा बैठक भी करीहे।

लोकसभा चुनाव में हर बेर पुरा सीट चर्चा के केंद्र में बनल रहेला। पुरी सीट दू दशक से अधिका समय से नवीन पटनायक के बीजू जनता दल के गढ़ रहल बा. हालांकि साल 2019 में भईल लोकसभा चुनाव में भाजपा के संबित पात्रा BJD के उम्मीदवार के कड़ा मुकाबला देले। एहसे भाजपा एक बेर फेरु एह सीट के जीते के पूरा कोशिश करी. पिछला चुनाव में पिनाकी मिश्रा के 5,38,321 वोट मिलल जबकि संबित पात्रा के 5,26,607 वोट मिलल. हार के अंतर 11,714 वोट रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]