Kunal Sarangi के इस्तीफा, प्रधानमंत्री के जमशेदपुर में रैली के बीच बीजेपी के लागल बड़ा झटका

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2024

रांची। पूर्व विधायक आ बीजेपी प्रवक्ता कुणाल सारंगी लोकसभा चुनाव के बीच बीजेपी के बड़ झटका देलें बाड़ें। पार्टी के प्रदेश प्रवक्ता पद से कुणाल सारंगी इस्तीफा दे देलें। Kunal Sarangi बतवलें इस्तीफा के वजह

Share

रांची। पूर्व विधायक आ बीजेपी प्रवक्ता कुणाल सारंगी लोकसभा चुनाव के बीच बीजेपी के बड़ झटका देलें बाड़ें। पार्टी के प्रदेश प्रवक्ता पद से कुणाल सारंगी इस्तीफा दे देलें।

Kunal Sarangi बतवलें इस्तीफा के वजह

पार्टी अध्यक्ष बाबूलाल मरांडी के लिखल गइल पत्र में कुणाल सारंगी आपन पीड़ा बतावत लिखलें कि हम रउआ से व्यक्तिगत तौर पs मिलके आ फोन आउर वॉट्सअप के माध्यम से लगातार सूचित कइनी। पिछला छव महीनन से स्थानीय संगठन के ओर से सुनियोजित ढंग से साजिश के तहत हमरा के अपमानित करे के उद्देश्य से पार्टी के कार्यक्रमन से दूर रखल जा रहल बा आ पूर्वी सिंहभूम जिला में हमरा समर्थकन के संगहूं ओइसने रवैया अपनावल जा रहल बा।

हमरा कावर से एकर सूचना प्रदेश संगठन महामंत्री आ वर्तमान में प्रदेश के प्रभारी के लगातार अंतराल में सूचना देला के बादो कवनो तरे के संज्ञान ना दिहल जाये के कारण आहत होके आ दुखी ह्रदय से प्रदेश के प्रवक्ता पद से इस्तीफा देत बानी।

पीएम के सभा से पहले कुणाल सारंगी के इस्तीफा

कुणाल सारंगी के प्रवक्ता पद से इस्तीफा अइसन समय में आइल बा जब प्रधानमंत्री ओहि इलाका में सभा करत रहस। जमशेदपुर में प्रधानमंत्री के सभा के बीच कुणाल पार्टी के बड़ा झटका दे देलें। प्रधानमंत्री जमशेदपुर लोकसभा क्षेत्र के उम्मीदवार खातिर प्रचार करत रहलें। एही बीच बीजेपी प्रवक्ता पद से कुणाल ने इस्तीफा दे देलें।

हालांकि, कुणाल अभियो अपना सोशल मीडिया अकाउंट एक्स पs अपना बायो में मोदी के परिवार लिखके रखलें बाड़ें। जेएमएम से विधायक रह चुकल कुणाल 2019 विधानसभा चुनाव से पहिले बीजेपी में आ गइल रहस आ फेर 2024 में होखे वाले विधानसभा चुनाव से पहिले बीजेपी प्रवक्ता पद से इस्तीफा कुणाल सारंगी के बदल रहल राजनीति के ओर इशारा कs रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.