[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election 2024: लोकसभा चुनाव के काल होई एलान, चुनाव आयोग दुपहरिया में 3 बजे करी प्रेस कॉन्फ्रेंस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lok Sabha Election 2024: लोकसभा चुनाव के तारीख के लेके काल चुनाव आयोग 3 बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस करे वाला बा। ए बात के जानकारी खुद चुनाव आयोग देले बा। आम चुनाव 2024 के साथे कुछ राज्य विधानसभा के कार्यक्रम के घोषणा करे खातिर चुनाव आयोग द्वारा प्रेस होई। एकरा के ECI के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पऽ लाइव स्ट्रीम कइल जाई।

पिछला बेर 10 मार्च के भइल रहें घोषणा

एकरा पिछिलका 2019 के चुनाव के घोषणा 10 मार्च के हो गइल रहें। चुनाव आयोग 2019 में लोकसभा चुनाव के एलान ऐतवार के कइले रहें, बाकिर अबकी बेर  सनिचर के एकर घोषणा होई।

6 से 7 चरन में हो सकत बा चुनाव

पिछला बेर लोकसभा चुनाव 7 चरणों में संपन्न भइल रहें। एहू बेर संभावना बा कि चुनाव 6 से 7 चरन में हो सकत बा।

दुनु चुनाव आयुक्त लो आज पदभार संभऽलस

आम चुनाव के एलान से पहिले आज दुनु नवनियुक्त चुनाव आयुक्त लो पदभार ग्रहण कइले बा। नवनियुक्त चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार आ सुखबीर सिंह संधू के स्वागत मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कइले। पूर्व नौकरशाह लो के बियफे के चुनाव आयुक्त नियुक्त कइल गइल रहें।

आयोग में दुनु पद हालहीं में अरुण गोयल के इस्तीफा देवे आ अनूप चंद पांडेय के 14 फरवरी के सेवानिवृत्त होखे के चलते खाली हो गइल रहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]