चीन के शंघाई में कोरोना के बढ़त ममिला के धेयान में राखत सोमार के सख्त लॉकडाउन लागू कs दिहल गइल बा। पिछिला दिने शंघाई में स्थानीय स्तर पs संक्रमण के 50 आउर विदेस से आइल लोगन से जुड़ल 10 गो ममिला दरज कइल गइल। पहिला चरण के लॉकडाउन स्थानीय समे के मोताबिक भोर के पांच बजे से एक अप्रिल ले लागू रही। लॉकडाउन शंघाई के अलावा पोंगडांग, फेंगशियांग, जिंशान आउर चोंगमिंग समेत हुआंग्पू नदी के पुरुब आउर पछिम के झेत्र में प्रभावी रही।
Post Views: 7