सेना भरती के लेके प्रियंका गांधी के रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के पत्र

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2022

कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव प्रियंका गांधी रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के लेटर लिखले बाड़ी। निहोरा कइले बाड़ी कि लमहर समे से भरती ना होखला आ कोविड के चलते सेना भरती ला निर्धारित समय सीमा खातिर

Share

कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव प्रियंका गांधी रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के लेटर लिखले बाड़ी। निहोरा कइले बाड़ी कि लमहर समे से भरती ना होखला आ कोविड के चलते सेना भरती ला निर्धारित समय सीमा खातिर नवहन के उमिर में दु बरिस के छूट दिहल जाव। उ लिखली कि दिसंबर 2021 में केंद्र सरकार कावर से 1.25 लाख पद खाली होखला के जानकारी दिहल गइल रहे।

सेना भरती के परिणाम, प्रक्रिया में देरी आ सालन से भरती ना होखला से लाखन नवहन के बहुत मेहनत का बादो निराशा हाथ लागत बा। यूपी चुनाव के बेरा गोंडा विधानसभा में जनसभा से बेरा रक्षामंत्री राजनाथ सिंह के सोझा नवहा सेवा भरती सुरू करे के नारा लगा चुकल बाड़े सs। ओकरे बाद से एह ममिला के राजनीतिक रंग दिहल जाये लागल रहे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.