जिनगी में कुछ विशेष करे खातिर लईकन के स्वस्थ रहल जरूरी बा। बेहतर स्वास्थ खातिर शारीरिक आ मानसिक रूप से फिट रहल जरूरी बा। एह खातिर शारीरिक शिक्षकन के जिम्मेदारी अहम बा। शारीरिक शिक्षकन के प्रयास से ग्रामीण लईकन के फिट रखला के संगही एगो बेहतर खिलाड़ी बनावल जा सकत बा।ई सब बात गरीब रक्षक आर्मी के संगठन प्रमुख शिक्षक सह समाजसेवी ई. प्रभात रंजन कहलें।
एकरा खातिर अतवार के सोनपुर प्रखंड के जेआईआईटी कैंपस में गरीब रक्षक आर्मी द्वारा संचालित जड़भरत यूथ क्लब में शारीरिक तीन दिवसीय प्रशिक्षण में क्लब के उपाध्यक्ष सह मास्टर ट्रेनर वैभव सिंह द्वारा बतावल गइल कि शारीरिक शिक्षक लईकन के बॉडी मास्क इंडेकस पs विशेष धेयान देवे लो।
बॉडी मास्क इंडेक्स के तहत ई देखल जाला कि लईकन में उमिर अउर वजन के आधार पs लंबाई बढ़त बा कि ना। जदि अइसन होत बा तs लईकन के बॉडी मास्क इंडेक्स लेवल सही मानल जाई। खेलो सोनपुर गेम्स के तरफ से क्लब से जुड़ल लईकन के कार्ड बनी। एह कार्ड के स्कैन कइला पs लईकन से संबंधित सब जानकारी मिल जाई। एह में लईका के नाम, पता, शरीर के वजन, लंबाई अउर स्वास्थ से जुड़ल कइयन गो जानकारी उपलब्ध रही।
खेलो सोनपुर गेम्स के टेस्ट खातिर दु ग्रुप में बांटल गइल बा। पहिला ग्रुप में पांच से आठ साल के लईका जवन वर्ग पहिला से लेके तीसरा में पढ़त होखे। दूसरका ग्रुप में नव से लेकर 18 साल के लईका सब जवन वर्ग चउथा से लेकर 12 वीं में पढ़त होखs सs।
पहिला ग्रुप के बच्चन खातिर बॉडी मास्क इंडेक्स, कोआर्डिनेशन आ फ्लैमिंगो बैलेंस टेस्ट के सामिल कइल गइल बा। जबकि दूसरका ग्रुप के लईकन के खातिर फ्लेक्सिबिलीटी, स्पीड टेस्ट आ शक्ति टेस्ट के सामिल कइल गइल बा। संगही फिट एंड रिचेस टेस्ट के अंतर्गत 50 मीटर दौड़ के संगे छव सौ मीटर दौड़ के सामिल कइल गइल बा। जदि लईकन में विकास होत बा त ओकरा ए प्लस ग्रेड मिली।