[the_ad_group id="30365"]

ई स्कूटर भा मोटरसाइकिल ना, बलूक हाइपरबाइक हs, 5 दिन बाद होई लॉन्च; जानीं एकर खूबियन के बारे में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रउआ एलएमएल (LML) के नाम तs सुनलही होखेम। जी हs, उहे LML जवना के 90 के दशक में सिक्का चलत रहे। LML के वेस्पा स्कूटर बहुते पॉपुलर रहल बा। हालांकि, समय के संगे देश के अंदर LML के गाड़ियन के पॉपुलैरिटी कम हो गइल रहे। अइसन में अब LML इलेक्ट्रिक व्हीकल के संगे एक बेर फेर वापसी खातिर तइयार बा। एगो रिपोर्ट के मोताबिक, कंपनी 29 सितंबर के एक साथे तीन प्रोडक्ट लॉन्च करे वाला बिया। एमे कंपनी के पॉपुलर इलेक्ट्रिक हाइपरबाइको शामिल बा। कंपनी एगो इलेक्ट्रिक स्कूटर आ इलेक्ट्रिक मोटरसाइकिलो होई।

ओला, एथर, टीवीएस से होई मुकाबला

LML इलेक्ट्रिक से जुड़ल जानकारी के मोताबिक, कंपनी के CEO योगेश भाटिया 2025 तक LML के भारत में टॉप इलेक्ट्रिक टू-व्हीलर कंपनियन में से एगो बने के योजना बना रहल बाड़े। कंपनी अपना व्हीकल के प्रीमियम ई-व्हीकल सेगमेंट में उतारी, जवन बाजार में ओला, एथर, सिंपल, टीवीएस आ बजाज के इलेक्ट्रिक टू-व्हीलर से मुकाबला करी। अपना इलेक्ट्रिक व्हीकल के टेक्नोलॉजी आ डिजाइन के डेवलप करे खातिर LML इलेक्ट्रिक जर्मन इलेक्ट्रिक टू-व्हीलर कंपनी ईरॉकिट (eROCKIT) के संगे हाथ मिलवले बा।

सिंगल चार्ज पs 120Km होई रेंज

LML पहिले इलेक्ट्रिक हाइपरबाइक लॉन्च करी जवन पैडल-असिस्ट टेक्नोलॉजी से लैस होई। एह मोटरसाइकिल के बारे में बेसी जानकारी उपलब्ध नइखे। मानल जा रहल बा कि जर्मन प्रोडक्ट बेस्ड ई इलेक्ट्रिक बाइक फुल चार्ज पs 120Km के रेंज दिही। एकर इलेक्ट्रिक मोटर 20 बीएचपी के पावर जनरेट करी। एह हाइपरबाइक के टॉप स्पीड 90 किमी/घंटा हो सकत बा। एह इलेक्ट्रिक हाइपरबाइक के डिलीवरी जनवरी 2023 में शुरू होई। एकरा बाद कंपनी इलेक्ट्रिक स्कूटर लॉन्च करी आ एकर डिलीवरी अगस्त 2023 से शुरू होई।

हाइपरबाइक का हs?

ईरॉकिट (eROCKIT) एगो पैडल-पावर्ड इलेक्ट्रिक मोटरसाइकिल हs,  हाइपरबाइको कहल जाला। ई आसानी से पैडलिंग के साथे चलेला। एकर टॉप स्पीड 90 किमी/घंटा से बेसी बा, जवन एडवांस बैटरी आ इलेक्ट्रिक डायरेक्ट ड्राइव मोटर के संगे आवेला।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]