Google New Tool: गूगल ले आइल नया टूल, अब आपन निजी जानकारी के सर्च से हटावल जा सकी 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2022

यूजर्स के निजता के लेके दुनियाभर में आलोचना झेलला के बाद गूगल सर्च से निजी जानकारी हटावे खातिर नया टूल पेश कइले बा। ‘रिजल्ट्स अबाउट यू’ नाम के एह टूल के माध्यम से यूजर्स सीधे

Share

यूजर्स के निजता के लेके दुनियाभर में आलोचना झेलला के बाद गूगल सर्च से निजी जानकारी हटावे खातिर नया टूल पेश कइले बा। ‘रिजल्ट्स अबाउट यू’ नाम के एह टूल के माध्यम से यूजर्स सीधे गूगल से मोबाइल नंबर, ईमेल आ घर के पता समेत व्यक्तिगत पहचान, योग्य जानकारी (पीआईआई) हटवावे के अनुरोध कs सकेंगे। हालांकि, शुरुआत में ई फीचर एंड्रॉयड पs चले वाला गूगल एप के इस्तेमाल कर रहल कुछे लोग खातिर उपलब्ध होई।

गूगल अपना वार्षिक डेवलपर कॉन्फ्रेंस के दौरान एह निजता टूल के घोषणा कइले रहे। कंपनी के मोताबिक, एंड्रॉयड यूजर्स अपना प्रोफाइल वाला पेज के माध्यम से ‘रिजल्ट्स अबाउट यू’ विकल्प पs जा सकेला लो। उहां से ओह लो के गूगल से पीआईआई हटावे के निहोरा करे ला दोसरा पेज पs रिडायरेक्ट कइल जाई। एह दौरान हर परिणाम के शीर्ष-दाया कोना में लउके वाला तीन बिंदुअन पs क्लिक कs के जानकारियन के हटवल जा सकी। बता दीं कि गूगल के नया प्रयोग खातिर बढ़िया संकेत मिलल बा।

अभी अपनावे के पड़ेला लमहर तरीका

अभी तक कवनो पीआईआई हटावे खातिर यूजर्स के एगो लमहर तरीका अपनावे के पड़ेला। कइयन गो ऑप्शन से गुजरला के बादे एकरा के अंजाम दिहल जा सकत बा। ‘रिजल्ट्स अबाउट यू, में अनुरोध से जुड़ल ‘ऑल रिक्वेस्ट’, ‘इन प्रोग्रेस’ आ ‘अप्रूव्ड’ जइसन फिल्टरो होई। गूगल पहिले कहले रहे कि जब कंपनी के कवनो पीआईआई हटावे के अनुरोध मिलेला तs उ ओकर जांच कs के आगे बढ़ेला। बता दीं कि एह साल के शुरुआते में गूगल व्यक्तिगत रूप से पहचान करे वाला जानकारी के हटावे खातिर अपना नीतियन के अपडेट कइले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.