बीमा के किश्त लेके फर्जी रसीद देत रहल LIC एजेंट: गोरखपुर में 10 साल बाद जब मैच्योरिटी पूरा भइल तs खुलल राज, किश्त के रकम खुद खा जात रहे
गोरखपुर में एगो LIC एजेंट के फर्जीवाड़ा के ममिला सामने आइल बा। एगो कस्टम 10 साल से एजेंट के LIC के किश्त तs दे रहल बा। बाकिर, एजेंट ओकर किश्त के रकम LIC में जमा कइला के बजाय अपना जेब में डाल लेत रहे। खास बात ई बा कि एह बीच एजेंट कस्टमर के इंश्योरेंस के प्रीमियम के फर्जी रसीद आ ओकर फर्जी बांड देता रहल।
10 साल बाद जब इंश्योरेंस के मैच्योरिटी पूरा भइल तs कस्टमर एजेंट से अपना मैच्योरिटी के 8 लाख रुपए निकलवावे खातिर कहलस। बाकिर, ऊ टाल- मटोल करत रहल। जब कस्टमर अपना मैच्योरिटी के रकम निकलवावे के दबाव देवे लागल तs LIC एजेंट टूट गइल आ ऊ खुद सारा गुनाह कबूल कs लेलस। ऊ बतवलस कि LIC के रसीद आ बांड दुनो फर्जी बा। किश्त के रकम ऊ खुद खर्च कs चुकल बा। ई सुन कस्टमर के गोड़ तले जमीन खिसक गइल।
केस दर्ज कs के एजेंट के तलाश कs रहल बिया पुलिस
एकरा बाद ऊ एकर शिकायत पुलिस से कइलस। कस्टमर के शिकायत पs गोरखनाथ पुलिस आरोपी एजेंट LIC एजेंट बाल गोविंद दुबे के खिलाफ धोखाधड़ी आ जालसाजी के केस दर्ज कs के ओकर तलाश सुरू कs देले बिया। बाल गोविंद गोरखनाथ इलाका के रामजानकीनगर पचपेड़वा के रहे वाला बा। पुलिस के कहनाम बा कि ममिला के पड़ताल कइल जा रहल बा। जल्दिये आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल जाई।
10 साल पहले करवले रहस 8 लाख के बीमा
दरअसल, गोरखनाथ इलाका के रसूलपुर अजय नगर के रहे वाला रईस अहमद करीब 10 साल पहिले अपना एगो परिचित LIC एजेंट बाल गोविंद दुबे से 8 लाख के बीमा करवले रहे। रईस लगातार अपना बीमा के किश्त LIC एजेंट बाल गोविंद के कैश में जमा करे खातिर दे देत रहे लो। एकरा बाद ऊ उनका के एकर रसीद आ बीमा बांडो दे देत रहे। ई सिलसिला 10 सालन तक जारी रहल।
खुद कबूललस फर्जी रसीद के राज
एह बीच अब रईस अहमद के इंश्योरेंस के मैच्योरिटी पूरा हो गइल। ऊ लगातार बाल गोविंद से अपना बीमा के पैसा निकलवावे खातिर कहे लगलें। बाकिर, ऊ उनका संगे टाल- मटोल करत रहल। जब रईस अहमद अपना रुपिया निकलवावे खतिर दबाव देवे सुरू कइलें तs ऊ बतवलस कि ऊ जवन रसीद आ बांड देले बा, ऊ फर्जी बा। किश्त के पूरा पईसा खुद खर्च कs लेले बा।
स्टांप पेपर पs लिखला के बादो वापस ना कइलस रकम
बाकिर, फेर LIC एजेंट रईस अहमद के एगो 100 रुपिया के स्टांप पेपर पs लिखके देलस कि अलग-अलग तारीखन में ऊ उनकर पूरा पईसा वापस करs देलस। बाकिर, एकरा बहुत वक्त बीतल गइला के बादो LIC एजेंट रईस के एको रुपिया वापस ना कइलस। जवना के बाद अब ऊ एकर शिकायत पुलिस से कइलें बाड़ें। फिलहाल पुलिस एह ममिला में आरोपी LIC एजेंट के खिलाफ केस दर्ज कs के ममिला के पड़ताल कs रहल बिया।
Comments are closed.