[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के रेस्टोरेंट मेगा मार्ट में फूड सेफ्टी टीम के छापा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

गोरखपुर में खाद्य सुरक्षा आ औषधि प्रशासन के टीम बॉबीना होटल के संगे आधा दर्जन होटल, रेस्टोरेंट अवुरी मेगा मार्ट पs छापामारी कईलस। बॉबीना तक पहुंचल टीम रसोई घर के जांच कईलस। जांच के दौरान टीम के गंदगी , कीड़ा से भरल काजू, खराब चीनी अवुरी एक्सपायरी स्वीट कॉर्न भी मिलल। खाद्य सुरक्षा विभाग के टीम होटल प्रबंधन के नोटिस जारी कs के एक सप्ताह के भीतर जवाब मंगले बिया।

खाद्य सुरक्षा आ औषधि प्रशासन के असिस्टेंट कमिश्नर सेकंड कुमार गुंजन बतवले कि होटल बॉबीना में भईल निरीक्षण के दौरान ना सिर्फ गंदगी मिलल, 10 किलो कीड़ा से संक्रमित काजू, 50 किलो खराब चीनी अवुरी एक्सपायरी स्वीट कॉर्न भी मिलल बा। खाद्य सुरक्षा टीम के ओर से तमाम खाद्य पदार्थ के तुरंत नष्ट कs दिहल गईल। टीम के निरीक्षण के दौरान पता चलल कि होटल के रसोई में वेज अवुरी नॉन वेज एक संगे राखल बा।

टीम इहाँ से काजू के नमूना के संरक्षित कईलस। एकरा बाद हुमायूपुर दक्षिणी स्थिति उज्जवल इंटरप्राइजेज साउथ पहुंचल। नमूना चिकन मसाला, धनिया पाउडर, सब्जी मसाला, कैच आ केवल ब्रांड के पिसल हल्दी, कैच ब्रांड के पूरा जीरा आ लाल मिरचा पाउडर सभकर नमूना लिहलस।

 15 खाद्य पदार्थों के नमूने सील

खाद्य सुरक्षा विभाग के टीम 4 प्रतिष्ठान से 15 खाद्य पदार्थ के नमूना सील कईलस। एहमें चना के आटा, चावल, मसाला, लाल मिरचा पाउडर, शहद, घी, सरसों के तेल, विशाल मेगा मार्ट मोगलहा के अरहर दाल, सिद्धि विनायक मार्ट पादरी बाजार के मल्टी सोर्स खाद्य तेल, साहू किराना दुकान झुगिया से भूजा चना, साबूदाना, नमकीन शामिल बा।स्टार मेगा मार्ट फातिमा रोड से दलिया, सेमोलिना और उराद दल धुली के नमूना इकट्ठा।

खाद्य सुरक्षा विभाग के सहायक आयुक्त द्वितीय कुमार गुंजन सभे नमूना के जांच के बाद आगे के कार्रवाई कईल जाई। एह दौरान खाद्य सुरक्षा अधिकारी सुचित प्रसाद, विनोद कुमार राय आदि मौजूद रहे।

साभार- दैनिक भास्कर

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]