छपरा में 250 साल पुरान बजरंगबली के अष्टधातु के मूर्ति चोरी, 40 करोड़ बा कीमत, पुलिस के नइखे मिलत कवनो सुराग

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2023

  सारण: बिहार के छपरा जिला से बड़ खबर आ रहल बा। छपरा के धार्मिक कस्बा रेविलगंज में चोर 40 करोड़ रुपिया के बजरंगबली के अष्टधातु मूर्ति (हनुमान जी मूर्ति) चोरा लिहले बाड़े। 42 किलो

Share

 

सारण: बिहार के छपरा जिला से बड़ खबर आ रहल बा। छपरा के धार्मिक कस्बा रेविलगंज में चोर 40 करोड़ रुपिया के बजरंगबली के अष्टधातु मूर्ति (हनुमान जी मूर्ति) चोरा लिहले बाड़े। 42 किलो वजन वाली इ मूर्ति 250 साल पुरान रहे। घटना पछिला मंगलवार के रात भईल। लेकिन, चोरी के 2 दिन बाद भी पुलिस खाली हाथ बा।

बतावल जाता कि धार्मिक शहर रेविलगंज इलाका के बहुत मंदिर से मूर्ति चोरी हो चुकल बा। लेकिन, बहुत मामिला में प्रशासन मूर्ति के खोज में नाकाम बा। एक बेर फेरु चोर प्रशासन के चुनौती देके 40 करोड़ के मूर्ति चोरा लेले बाड़े। मूर्ति चोरी के बढ़त घटना के चलते इलाका में दहशत मचल बा। जिला में चोर के बढ़त आतंक से लोग परेशान बाड़े अवुरी चोर के खिलाफ कार्रवाई करे में प्रशासन पs लापरवाही के आरोप लगावत बाड़े।

महंत के मुताबिक मठ में सालों पहिले चोरी के दु घटना भईल रहे, जवना में चोर श्री राम, लक्ष्मण अवुरी सीता माता के मूर्ति चुरा लेले रहले। पहिला चोरी में मूर्ति मठ के बगइचा में जमीन में दफन मिलल रहे, लेकिन ओकरा बाद भईल चोरी में मूर्ति के बरामद ना भईल। पिछला कुछ साल से सारण जिला के अलग-अलग इलाका में मंदिर अवुरी मठ में लगावल प्राचीन अवुरी अनमोल मूर्ति पs चोर के नजर रहे। कई मामला में अबे ले मूर्ति के बरामदगी नईखे भईल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.