Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कहीं आतंकियन के हाथ न लग जाएं पाकिस्तान के परमाणु हथियार! बाइडन के बयान दिहलस कई संकेत

1,105
पाकिस्तान के लेके अमेरिकी राष्ट्रपति जौन बाइडन के बयान वैश्विक स्तर पर नया चर्चा शुरू क देहले बानें। ई चर्चा संभावित परमाणु खतरा के ले के ह। दुनिया के कई देश के आशंका बा कि पाकिस्तान के परमाणु हथियार सुरक्षित हाथ में नाइ बा, उ आतंकियन के हाथ लाग सकsला।
दरअसल, बीतल दिन अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन पाकिस्तान के ‘दुनिया के सबसे खतरनाक’ राष्ट्र कहले रहल। उनके एह बयान दुनिया के अन्य राष्ट्र के ध्यान एह ओर खींचल। हालांकि, पाकिस्तान बाइडन के बयान के खारिज करत इनके तथ्यात्मक रूप से गलत अउर भ्रामक बतावल गइल।

दुनिया के सोझे खतरा

ग्लोबल स्ट्रैट व्यू के रिपोर्ट के अनुसार, पाकिस्तान के सरकार, तालिबान अउर उनके विभिन्न संगठन अउर एकरे अलावा पाकिस्तान के अंदर अन्य जिहादी समूह परमाणु हथियार के आतंकवादी हाथ में पड़ले पर चिंता पैदा कर देहले बा। दरअसल, पाकिस्तान के सरकार तालिबान के गुप्त रूप से समर्थन करsले। दुनिया के मानल बा कि पाकिस्तान के परमाणु कार्यक्रम के आतंकी संगठन द्वारा चोरी कइल गइले के खतरा बनल बा।

पाकिस्तान से मिल रहल बा कई संकेत 

ग्लोबल स्ट्रैट व्यू के रिपोर्ट के मुताबिक, बीतल साल अगस्त में अफगानिस्तान से अमेरिकी सैनिकन के वापसी अउर तालिबान के शासन के बाद खतरा अधिक बढ़ल बा। ऊपर से पाकिस्तान द्वारा हथियारन के उत्पादन, साथ ही साथ अधिक सामरिक परमाणु हथियारन के संभावित तैनाती एकरे दुरुपयोग के संभावना के अउर अधिक बढ़ल दिहले बा।

359050cookie-checkकहीं आतंकियन के हाथ न लग जाएं पाकिस्तान के परमाणु हथियार! बाइडन के बयान दिहलस कई संकेत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.