Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MCD Mayor Election Live: हंगामा के चलते तीसरा बेर टलल मेयर चुनाव,फेरु से सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटाई ‘आप’

दिल्ली मेयर इलेक्शन के दौरान सदन में हंगामा ,तीसरा हाली टारल गईल चुनाव ,आप जाई सुप्रीम कोर्ट के दुआरी !

636

 डीएमसी अधिनियम 1957 के अनुसार, महापौर आ उप महापौर के चुनाव ,निकाय चुनावन के बाद होखे वाला  पहिला सदन में होला। बहरहाल, नगर निकाय चुनाव भईला दू महीना से उपर हो चुकल बा आ दिल्ली के अभी तक आपन मेयर नइखे मिलल । सोमार के ई प्रयास सफल भईल  हs कि ना एह खातिर पढ़ी इ अपडेट्स.

दिल्ली के मिलल भ्रष्ट मुख्यमंत्रीः मीनाक्षी लेखी

मेयर चुनाव एक हाली फेरु से टला गईला  पs केंद्रीय मंत्री मीनाक्षी लेखी  कहली , दिल्ली के  एगो भ्रष्ट मुख्यमंत्री मिलल बा , जेकर नाव लगातार शराब घोटाला में आ रहल बा । एही  से आइल पईसा के इस्तेमाल कइके उ गोवा में आ  फेर दिल्ली में  मेयर चुनाव लड़े के कोशिस कईले । इ भाजपा के  9 गो  पार्षदन  के  पद आ पइसा  के लालच दिहले ।सिसोदिया बोलेले हंगामा कर रहल बा बीजेपी पार्षद लो 

ओहिजे  मनीष सिसोदिया  एह मुद्दा  पs बीजेपी के घेरत  कहले  कि, एमसीडी में बीजेपी के पार्षद बिना बात हंगामा कइके आजो मेयर के चुनाव ना होखे दे रहल बा लो । आम आदमी पार्टी के पार्षद शांत बइठल  रहे लो बकिर  BJP पार्षद बिना  कवनो बात के हंगामा मचा रहल  बा लो ।

सदन के बहरे आम आदमी पार्टी के राज्यसभा सांसद संजय सिंह  प्रेस कॉन्फ्रेंस कइके  कहले  कि अब पार्टी सुप्रीम कोर्ट जाई। संजय सिंह बोलले , भाजपा संवैधानिक रूप से मेयर के चुनाव नइखे  होखे देबे के चाहत , अब हमनी के  कोर्ट जाइब जा ।

आजो ना भईल मेयर के चुनाव

पीठासीन अधिकारी कह ले कि जवना  लोगन  को वोट नइखे  करेके उ लोग सदन से बहरी चल जाउ, एकरा  बादे से हंगामा तेज हो गईल । आप पार्षद लगातार वापस जाओ, वापस जाओ के नारा के लगावत रहले । बढ़तs  हंगामा के चलते पीठासीन अधिकारी सदन के  अगिला तिथि खातिर  स्थगित कई दिहले  आ  एह तरे  आजो  मेयर के चुनाव ना हो पावल।

भाजपा  रखलस दू गो आप विधायकन के  वोटिंग से बाहर रखने के अपील

शुरुआत में 10 मिनट के स्थगन के बाद पीठासीन अधिकारी सदन में फेरु से अपना चेयर पs लवट के अईली आ स्थाई समिति के  पूर्व अध्यक्ष रहली भाजपा पार्षद शिखा राय  पीठासीन अधिकारी के सोझा  मांग रखली कि आम आदमी पार्टी के दो विधायक अखिलेश पति त्रिपाठी आ एगो अउरी जाना के खिलाफ मामला दर्ज बा  एह से  उ लोग के वोट देबे के हक ना दिहल जाए। एकरा बाद बाद सदन में फेरु से हंगामा बढ़ गइल।

एल्डरमैन  लोग भी लिही मेयर ,डिप्टी मेयर के चुनाव में हिस्सा

पीठासीन अधिकारी सत्या शर्मा मेयर आ डिप्टी मेयर आ स्थाई समिति के 6 सदस्यन के चुनाव कके प्रक्रिया शुरू करवली। एल्डरमैन लोग भी चुनाव में वोट करिहें । एहु बात बे बात पs सदन में लगातार हंगामा होखत  रहे , बाकिर  अब पीठासीन अधिकारी कहली कि एल्डरमैन वोट करिहें । मेयर आ डिप्टी मेयर के चुनाव में एल्डरमैन लोग  भी लिहे  हिस्सा, अस्थाई समिति के चुनाव में खाली पार्षद लोग हिस्सा लिहे ।

सिसोदिया भाजपा पs लगवले ई आरोप
सदन के कार्यवाही शुरू होखे  से पहिलहीं आरोप-प्रत्यारोप के  दौर शुरू हो गइल। दिल्ली के डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया  ट्वीट कईके कहले कि, ‘बीजेपी  अपना पार्षदन के  आज फेरु  एमसीडी बईठक में मेयर चुनाव ना  होखे देबे के निर्देश देले बिया  बीजेपी पार्षदन के कहल गईल  बा   कि सदन शुरू होते  कवनो बहाने  हंगामा  बस कई देबे के बा । पीठासीन अधिकारीओ भाजपा के कहला पs चल रहल बाड़ी |
एह ट्वीट के आवते दुनो पार्टी में जुबानी जुंग बहुते तेज हो गईल आ आजू फेरु इ दुनो पार्टीयन के हंगामा के चलते दिल्ली के आपन मेयर दू महीना बादो नसीब ना भईल
452500cookie-checkMCD Mayor Election Live: हंगामा के चलते तीसरा बेर टलल मेयर चुनाव,फेरु से सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटाई ‘आप’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.