खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।आजु पढ़ीं वहीदा रहमान के जीवन से जुड़ल कहानी-
बेहद खूबसूरत। बेहद शालीन। पचास के दशक के बीच में आपन कैरियर शुरू करे वाली वहीदा रहमान सालन ले नायिका के रूप में लोग के दिल पs राज कईली। आपन करियर के आखिरी चरण में फिलिमन में माई के किरदार भी बहुत खूबसूरती से निभवली।
जहाँ दर्शकन के अनुभवी फिल्म निर्माता गुरु दत्त के साथे उनुकर जोड़ी बहुते नीक लागल. साथही देवानंद, दिलीप कुमार, राजेश खन्ना आ अमिताभ बच्चन जइसन सुपरस्टार के साथे उनुकर केमिस्ट्री के दर्शक बहुते सराहल.
वहीदा रहमान के शुरुआती जीवन
वहीदा रहमान के जनम 3 फरवरी 1938 के तमिलनाडु के चेंगलपेट में भइल रहे। हालांकि कुछ वेबसाइट पs दावा कईल जाता कि उनुकर जनम हैदराबाद में भईल रहे। बाकिर इs बात एकदम गलत बा।उनकर पिता के नाव मोहम्मद अब्दुर रहमान रहे उs ब्रिटिश इंडिया में सिविल सेवक रहले। जबकि उनकर माई मुमताज बेगम गृहिणी रहली। चार बहिनन में वहीदा रहमान सबसे छोट रहली। कम उमिर से वहीदा के बाबूजी उनका आ उनकर बाकी बहिनन के भरतनाट्यम में प्रशिक्षित करे लगले। इहे कारण बा कि उs शुरू से भरतनाट्यम में निपुण रहली।
चूंकि वहीदा रहमान के पिता सिविल सेवक रहले एहसे उनुकर बचपन देश के अलग-अलग शहर में बीतल। इनके सुरुआती पढ़ाई सेंट जोसेफ कान्वेंट स्कूल, विशाखापटनम में भइल। वहीदा के पिता के निधन तब हो गईल जब उs छोट रहली। बाबूजी के मरला के कुछ साल बाद वहीदा के माई भी एह दुनिया के छोड़ देली। उनकर चाची उनका आ उनकर बहिनन के देख रेख करत रहली। वहीदा बचपन से भरतनाट्यम में निपुण रहली, एही से छोट उमिर से ही विभिन्न कार्यक्रम में नृत्य प्रस्तुति देवे लगली।
यूं मिलल शुरू भइल फिल्मन के ऑफर्स
इहो कहल जाला कि एक बेर वहीदा रहमान एगो वरिष्ठ ब्रिटिश अधिकारी के सोझा भरतनाट्यम करवले रहले. अंग्रेज अफसर के सोझा दिहल ऊ प्रस्तुति वहीदा के बहुते मशहूर कs दिहलस. दक्षिण भारतीय फिल्म इंडस्ट्री से भी वाहीदा के फिल्म के ऑफर मिले लागल। पहिला बेर ऊ साल 1955 में तेलुगु फिलिम रोजुलू माराई में डांस परफॉर्मेंस दिहली.
एही साल ऊ एगो अउरी तेलुगु फिल्म जयासिम्हा में राजकुमारी पद्मिनी के किरदार निभवली। एकरा बाद दू गो तमिल फिलिमन में भी काम कइली।

गुरु दत्त वहीदा रहमान के रहले लकी चार्म जे बना दिहले स्टार
गुरु दत्त उनुका के पहिला बेर वहीदा के पहिला फिल्म रोजुलू माराई के सक्सेस पार्टी में देखले। इs वहीदा रहमान के डांस रहे जवन महान फिल्म निर्माता गुरु दत्त के अपना ओर आकर्षित कईलस। गुरु दत्त उनुका डांस से एतना प्रभावित भईले कि उनुका के अपना फिल्म सीआईडी में देवानंद के संगे मुख्य भूमिका में उतरले। वहीदा रहमान अपना पहिला हिंदी फिल्म में कमाल कइली.
देवानंद के साथे उनुकर जोड़ी के दर्शक बहुते सराहले. वहीदा पहिला अभिनेत्री रहली जिनकर पहिलका फिलिम अतना पसंद आइल. अगिला साल गुरु दत्त अपना फिल्म प्यासा में उनुका के आपन नायिका बनवले. वहीदा रहमान गुलाबो के ओह भूमिका के बहुते संजीदगी से जियली. गुरु दत्त आ वहीदा रहमान के केमिस्ट्री सबके पसंद आईल। प्यासा सुपर हिट रहल आ एह फिलिम के गाना भी बहुते लोकप्रिय भइल.

वहीदा रहमान-देवानंद के जोड़ी भइल बहुते लोकप्रिय
एक के बाद एक वहीदा रहमान आ गुरु दत्त के जोड़ी के लगातार पाँच गो फिलिमन में दर्शकन के देखे के मौका मिलल. वहीदा रहमान गुरु दत्त के साथे ट्वैल्व ओ क्लॉक, कागज़ के फूल, चौदहवीं का चांद आ साहब बीबी और गुलाम में काम कइली।
सुपरस्टार देवानंद के साथे उनकर जोड़ी भी बहुते बढ़िया रहल. सीआईडी के अलावे वहीदा रहमान देवानंद के साथे साल, काला बाज़ार, बीस साल बाद, गाइड, प्रेम पुजारी, रूप की रानी चोरों का राजा आ बात एक रात की जइसन फिलिमन में काम कइली. देवानंद के साथे उनकर सबसे यादगार फिलिम गाइड मानल जाला। कहल जाला कि जब वहीदा रहमान देवानंद के साथे आपन पहिला फिल्म सीआईडी करत रहली तs ओह घरी देवानंद फिल्म इंडस्ट्री में बड़हन नाम बन गइल रहले. नई-नवेली वहीदा रहमान उनका के या तs सर या मिस्टर आनंद कहत रहली।
देवानंद साहेब के सुन्दर वहीदा रहमान से अपना के मिस्टर आनंद कहल पसन्द ना रहे। एक दिन ऊ वहीदा के अपना लगे बोलवले आ कहले, “तू बस हमरा के देव कहs. काहे कि अगर फिल्म के मुख्य नायिका हमरा के सर भा मिस्टर कह दीहें तs हमरा उनुका के रोमांस करे में परेशानी होई.”
गुरु दत्त-वाहीदा के रोमांस चर्चा में रहे
वहीदा रहमान आ गुरु दत्त के रोमांस कहानी पs खूब चर्चा भइल. कहल जाला कि वहीदा ही रहली जेकरा चलते गुरु दत्त अवुरी उनुका पत्नी गीता दत्त के संबंध बिगड़ गईल अवुरी अंत में टूट गईल। हालांकि वहीदा रहमान कबो उनुका अवुरी गुरु दत्त के रिश्ता के बारे में बात ना कईली। गुरु दत्त साहेब के मौत के समय बहुत लोग उनुका मौत के आत्महत्या कहले। गुरु दत्त के निधन के सालन बाद वहीदा रहमान एगो साक्षात्कार में उनुका बारे में बात करत कहली कि उनुका नईखे मालूम कि गुरु दत्त आत्महत्या काहें कs लेले।

लोग कहेला कि गुरु दत्त अपना फिल्म कागज के फूल के फ्लॉप के चलते डिप्रेशन में रहले। बाकिर कागज का फूल के बाद ऊ चौदवहीं का चांद बनवले जवन सुपर डुपर हिट रहल. ओह साक्षात्कार में वहीदा जी इहो बतवले रहली कि “गुरुदत्त साहब उनुका संगे तीन साल के कॉन्ट्रैक्ट कईले बाड़े। बाकिर एह कॉन्ट्रैक्ट में वहीदा रहमान एगो शर्त रखले रहली कि उs सिर्फ उहे कपड़ा पहिनेली जवन उनुका पसंद होई।”
उनकरी पs कवनो खास तरह के कपड़ा पहिरे के दबाव ना लगावल जाई. वहीदा के मुताबिक, उ अपना जीवन में कबो बिना आस्तीन के ब्लाउज तक ना पहिनले रहली। अइसना में ऊ ना चाहत रहली कि निर्देशक उनुका से कवनो फिलिम में कपड़ा भा बिकनी पहिरे के कहस भा उनुका पर दबाव डालस.
वहीदा रहमान हर बड़का स्टार के साथे जोड़ी बनल
गुरु दत्त से जब वहीदा रहमान अलग हो गइली तs ऊ दिग्गज फिल्म निर्माता सत्यजीत रे के साथे काम करे लगली. उ पहिला बेर सत्यजीत रे के संगे अभिजान नाव के एगो बंगाली फिल्म में काम कईले। वहीदा रहमान आपन समय के हर बड़का सुपरस्टार के साथे काम कइले रहली. आ संजोग ई बा कि हर स्टार वाला कवनो ना कवनो फिलिम जरूर सफलता हासिल कइलस.
इहो पढ़ी: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर
जहाँ राम और श्याम आ आदमी जइसन फिलिमन में दिलीप कुमार के साथे जबरदस्त काम कइली. तs राज कपूर के साथे तीसरी कसम में ऊ अभिनय कइली. सुनील दत्त होखे भा धर्मेन्द्र, राजेश खन्ना होखे भा अमिताभ बच्चन. ऊ हर सुपरस्टार के साथे सिल्वर स्क्रीन साझा करत रहली। अपना करियर में करीब सौ फिलिमन में काम कइली।
फेर जीवन आ कैरियर के सफर अईसने आगे बढ़ल
उनकर आखिरी फिलिम रहे आई डेज़र्ट डोल्फिन जवन 2020 में रिलीज भइल रहे। ई एगो द्विभाषी फिलिम रहे जवन एगो ब्रिटिश निर्देशक बनवले रहले. सत्तर के दशक ऊ दशक रहे जब ऊ नायिका के जगहा फिलिमन में किरदार के भूमिका निभावे लगली. फिल्म फागुन में पहिला बेर महतारी के किरदार निभवली आ उनकर बेटी जया भादुरी रहली. हालांकि एह भूमिका खातिर वहीदा रहमान के भी अफसोस रहे। काहे कि एकरा बाद उनुका लगे अइसने भूमिका आवे लागल. आखिरकार वहीदा रहमान फिलिमन से ब्रेक ले के 1964 में रिलीज भइल फिल्म शगुन के अपना हीरो कमलजीत से बियाह कs लिहली जेकर असली नाव शशी रेखी रहे. इनकर दु बच्चा बाड़े। बेटा सोहेल रेखी आ बेटी कशवी रेखी। दुनु के लइका-लइकी साहित्यकार हउवें. बियाह के बाद उs फिल्म में काम करत रहली। बाकिर उनुका के कुछ चुनल फिलिमन में ही देखल गइल. फिल्म कभी कभी में उनुका के अमिताभ बच्चन के पत्नी के किरदार में देखल गईल। आ ठीक दू साल बाद ऊ फिल्म त्रिशूल में अमिताभ के महतारी के किरदार भी निभवली।
इहो पढ़ी: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन
पति के मउत के बाद फेर अइली फिल्मन में
चालीस साल ले लगातार फिलिमन में काम कइला के बाद वहीदा रहमान आखिरकार 1991 के फिल्म लम्हे के बाद फिलिमन से ब्रेक ले लिहली आ अपना पति के साथे बेंगलुरु शिफ्ट हो गइली. बाकिर उनुका पति के निधन 21 नवंबर 2000 के हो गईल। पति के निधन के बाद एक बेर फेरु मुंबई आके फिर से फिल्म में काम करे लगली।

उनकर दुसरका पारी के पहिला फिलिम ओम जय जगदीश रहे जवन साल 2002 में रिलीज भइल रहे. अपना दुसरका फिल्मी पारी में ऊ वॉटर, मैंने गांधी को नहीं मारा, रंग दे बसंती, दिल्ली-6 आ विश्वरूपम जइसन शानदार फिलिमन में काम कइली।
एह सब फिलिमन में वहीदा रहमान के परिपक्वता लोग के दिल जीत लिहलस. वहीदा रहमान आपन लगभग 70 साल के कैरियर में फिल्म के खारिज करे के गहरा अफसोस रहे। ई फिलिम श्याम बेनेगल के अंकुर रहे.
वहीदा रहमान अब 87 साल के हो गईल बाड़ी। अब ऊ फिलिमन में ना लउकेली. बाकिर आजुओ वहीदा के प्रशंसक वहीदा रहमान से ओतने प्यार करेलें जतना पहिले करत रहले.
इहो पढ़ी: लव जिहाद आ जबरन धर्मांतरण रोकले के तैयारी, महाराष्ट्र सरकार बनवलस उच्च स्तरीय समिति