[the_ad_group id="30365"]

लव जिहाद आ जबरन धर्मांतरण रोकले के तैयारी, महाराष्ट्र सरकार बनवलस उच्च स्तरीय समिति

लव जिहाद आ जबरन धर्मांतरण रोकले के तैयारी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र सरकार लव जिहाद आ जबरन धर्म परिवर्तन के खिलाफ कार्रवाई के तइयारी भी शुरू कs दिहले बिया. एकरा खातीर सरकार सात सदस्यीय समिति के गठन कईले बिया। ई समिति लव जिहाद आ जबरन धर्म परिवर्तन रोके खातिर कानूनी उपाय के सुझाव दी. एह समिति के अध्यक्ष महाराष्ट्र के डीजीपी बनावल गइल बा. बता दीं कि अउरी कई राज्यन में भी राज्य सरकार कथित लव जिहाद आ जबरन धर्मांतरण के रोके खातिर कदम उठवले बाड़ी सs आ अब महाराष्ट्र भी एह सिरीज में शामिल होखे वाला बा। 

एह लोग के समिति में शामिल कइल गइल

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा


महाराष्ट्र सरकार के ओर से गठित समिति में महाराष्ट्र के डीजीपी के अलावे महिला अवुरी बाल कल्याण विभाग, अल्पसंख्यक विभाग, कानून अवुरी न्याय विभाग, सामाजिक न्याय विभाग अवुरी विशेष सहायता विभाग के सचिव के संगे गृह विभाग के उपसचिव के भी शामिल कईल गईल बा। राज्य सरकार एs संबंध में शुक के आदेश जारी कईले बिया। एह क्रम में कहल गइल बा कि समिति अध्ययन के बाद बताई कि लव जिहाद आ जबरन धर्मांतरण के घटना से निपटे खातिर कवन उपाय कइल जा सकेला. एकरा अलावे समिति अवुरी राज्य में एकरा से जुड़ल कानून के अध्ययन भी करी। समिति एह सब के रोके के प्रावधान के सुझाव भी दिही अवुरी एकरा कानूनी पहलू पs भी सलाह दिही। लव जिहाद शब्द के इस्तेमाल अक्सर दक्षिणपंथी कार्यकर्ता आ संगठन करेलें. आरोप बा कि मुस्लिम पुरुष हिन्दू महिला के बियाह कs के इस्लाम में बदले के साजिश रचतारे। 

इहो पढ़ीं:भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

एनसीपी एसपी सांसद अमित शाह से मुलाकात


शरद पवार के पार्टी एनसीपी एसपी सांसद सुरेश महात्रे बियफ़ें के केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह से मुलाकात कईले। एनसीपी एसपी सांसद अमित शाह से ठाणे के भिवंडी इलाका में नशा तस्कर आ अपराधियन के खिलाफ कार्रवाई करे के गोहार लगवले. सांसद कहले कि भिवंडी अपराधी के तस्करी बन गईल बा अवुरी एs इलाका में अपराध अवुरी नशा के तस्करी बढ़ता। सांसद कहले कि गिरफ्तारी के बावजूद अपराधी जमानत पs रिहा भईला के बाद फेर से आपराधिक गतिविधि में शामिल हो जाले। एही बीच केंद्रीय मंत्री अमित शाह सांसदन के कार्रवाई के भरोसा देले अवुरी कानून प्रवर्तन एजेंसियन के तुरंत कार्रवाई करे के निर्देश देले। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: मजबूत आ टोन्ड मसल्स खातीर करीं 9 तरह के Squats

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]