Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फिल्मी स्टाइल में लईकी के अपहरण क लेलस, ओकरा बाद ओकरा के गोदी में उठा के लेलस अग्नि के सात फेरा

289

 

 

वीडियो : फिल्मी स्टाइल में लईकी के अपहरण क लेलस, ओकरा बाद ओकरा के गोदी में उठा के लेलस अग्नि के सात फेरा

पुलिस के मुताबिक, लईकी के सगाई आरोपी से भईल रहे, लेकिन बाद में परिवार सगाई रद्द क देले। जवना के चलते लईका खिसिया गईल अवुरी लईकी के बदनाम करे खाती ए वीडियो के वायरल क देलस।

जैसलमेर :राजस्थान के जैसलमेर में कुछ बदमाश एगो युवती के अपहरण क के ओकरा बाद लईकी के कोरा में लेके फिल्मी अंदाज में अग्नि के सात फेरा लिहले। घटना के वीडियो सोझा आ गईल बा, जवना के चर्चा हर जगह हो रहल बा। एकरा संगे राजनीतिक दल राजस्थान के गहलोत सरकार के भी ए संबंध में निशाना बनवले बाड़े। दूसर ओर लईकी के परिवार के लोग आरोपी के गिरफ्तारी खातीर कलेक्टर कार्यालय के बहरी विरोध कईले।

दरअसल, फॉर्च्यूनर में आईल कुछ बदमाश 23 साल के लईकी के घर के बहरी से अपहरण क लेले अवुरी परिवार के धमकी देले कि लईकी के बियाह कहीं अवुरी ना करावे के चाही। हालांकि पुलिस कुछ घंटा के भीतर लईकी के बचा लिहलस अवुरी आरोपी के गिरफ्तार क लेलस। लेकिन लईकी के परिवार के लोग के कहनाम बा कि आरोपी लईका के साथ देवे वाला लोग के अबे ले गिरफ्तारी नईखे भईल, जवना के चलते उनुका परिवार के खतरा बा।

पुलिस के मुताबिक, लईकी के सगाई आरोपी से भईल रहे, लेकिन बाद में परिवार सगाई रद्द क देले। जवना के चलते लईका खिसिया गईल अवुरी लईकी के बदनाम करे खातीर ए वीडियो के वायरल क देलस।

एहिजा एह घटना पे राजनीति भी शुरू हो गइल बा। केंद्रीय मंत्री अवुरी बीकानेर से सांसद अर्जुन राम मेघवाल ट्वीट कईले कि, “राजस्थान में कांग्रेस के जंगलराज कायम बा। राजस्थान के गुंडा सत्ता के अतना मोहित बाड़े कि उ लोग जबर्दस्ती एगो लईकी के घर से उठा के आपत्तिजनक तरीका से बियाह करे के कोशिश करतारे।”कब ले का राजस्थान के बहिन-बेटी के गहलोत सरकार के कुशासन से शर्मशार होए के पड़ी।”

मामला राज्य के मोहनगढ़ थाना क्षेत्र के तहत सांखला गांव से जुड़ल बा। एक जून के सगाई टूटला के बाद लधन लईकी के अपहरण क जंगल में ले गईल। फिर आग जरा के, जबरन सात राउंड ले लिहलस।

मामला राज्य के मोहनगढ़ थाना क्षेत्र के तहत सांखला गांव से जुड़ल बा। एक जून के सगाई टूटला के बाद लईकी के अपहरण क जंगल में ले गईल। फिर आग जरा के, जबरन सात फेरा ले लिहलस।

 

558450cookie-checkफिल्मी स्टाइल में लईकी के अपहरण क लेलस, ओकरा बाद ओकरा के गोदी में उठा के लेलस अग्नि के सात फेरा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.