जनरल टिकट खातिर लाइन में लागे के झंझट भइल खतम, इंडियन रेलवे के ई ऐप करी यात्रियन के काम आसान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 8, 2023

रेलवे में जनरल (Unreserved) टिकट लेहल बहुते मुस्किल भरल काम होला। एकरा खातिर रेलवे स्टेशन पs जाके लमहर लंबी लाइन में लागके जतरा खातिर टिकट किने के पड़ेला। जेमे कइयन बेर घंटन के समय लाग

Share

रेलवे में जनरल (Unreserved) टिकट लेहल बहुते मुस्किल भरल काम होला। एकरा खातिर रेलवे स्टेशन पs जाके लमहर लंबी लाइन में लागके जतरा खातिर टिकट किने के पड़ेला। जेमे कइयन बेर घंटन के समय लाग जाला, बाकिर रउआ इंडियन रेलवे के UTS मोबाइल ऐप के उपयोग कs के आसानी से एकरा से निजात पा सकत बानी। एह ऐप से रउआ जनरल टिकट बुक करे के संगे-संगे प्लैटफॉर्म टिकट आ मासिक टिकट के बुकिंग तक कs सकत बानी।

आज हमनी के एह रिपोर्ट में रेलवे के यूटीएस ऐप से टिकट बुक करे के तरीका के बारे में स्टेप बाय स्टेप बतावे जा रहल बानी सs।

स्टेप बाय स्टेप UTS App पs पंजीकरण करे के प्रोसेस

  • सबसे पहिले यूटीएस ऐप के गूगल प्ले आ एपल आईओएस से डाउनलोड करीं।
  • एकरा बाद अपना फोन नंबर, नाम लिंग आ जन्म तिथि ऐप में दर्ज कs के साइन अप करीं।
  • यूटीएस ऐप के नियम आ शर्तन के समझीं।
  • एकरा बाद रजिस्टर बटन पs क्लिक करीं।
  • एकरा बाद राउर यूजर आईडी आ पासवर्ड क्रिएट हो जाई।

टिकट के बुकिंग कइसे करीं?

  • एप पs पेपरलेस आ पेपर टिकट में से एगो विकल्प चुनी।
  • एकर बाद जवना स्टेशनन के बीच यात्रा करे के बा ओकरा के चुनी।
  • फेर रउआ “Next” आ “Get Fare” के विकल्प चुनी।
  • एकरा बाद बुक टिकट बटन पs क्लिक करीं। रउआ एकर भुगतान यूपीआई, नेट बैंकिंग आ डेबिट कार्ड के माध्यम से कs सकत बानी।

UTS मोबाइल ऐप पs टिकट बुक करे से पहिले धेयान रखे जोग बात

  • यूटीएस मोबाइल ऐप पs रउआ अनआरक्षित टिकटन के ट्रेन में यात्रा करे से तीन घंटा पहिलही बुक कs सकत जानी।
  • प्लैटफॉर्म टिकट के बुक करे खातिर रउआ स्टेशन से 2 किलोमीटर के परिधि में होखे के चाहीं।
  • यात्री एह ऐप से मासिक टिकट के 3, 6 आ 12 महीनन खातिर बुक कs सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.