[the_ad_group id="30365"]

गोरखनाथ मंदिर में खिचड़ी मेला सुरक्षा सम्हरिहें 3081 पुलिसकर्मी, चप्पा-चप्पा पर होई नजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखनाथ मंदिर में आयोजित होखे वाला खिचड़ी मेला के ले के तैयार कइल गइल सुरक्षा प्लान के बुध के डीजीपी के सामने प्रस्तुति कइल गइल। सुरक्षा के तीन सुपर जोन, दस जोन अउर 25 सेक्टर में बांट के तैयार कइल गइल बा। एहमें 3081 पुलिसकर्मियन के ड्यूटी लागल बा।

एकरे अलावा, तीन कपंनी एक प्लाटून पीएसी अउर एटीएस के एक टीम भी क्रियाशील रही। चप्पा चप्पा पर नजर रखे के 77 सीसी टीवी कैमरा लगावल गइल बा, जेकरे मदद से कंट्रोल रूम निगरानी करे के सुरक्षा में तैनात एडिशनल एसपी, क्षेत्राधिकारी अउर निरीक्षक के ड्यूटी दू शिफ्ट, दरोगा, हेड कांस्टेबल, कांस्टेबल के ड्यूटी तीन शिफ्ट में लगावल गइल बा।

परिसर के अंदर से ले के गोरखनाथ मंदिर जाए वाले रास्तन पs पुलिस के पहरा रही। श्रद्धालुअन के कौनो दिक्कत न होखे, एकरे खातिर अइले गइले के गेट निर्धारित कs दिहल गइल बा। ट्रैफिक प्लान भी तैयार कs लिहल गइल बा। वाहन के पार्किंग कहा होखे के बा, इहो तय कs लिहल गइल बा।

बुधवार के मुख्य सचिव अउर डीजीपी गोरखनाथ मंदिर के दौरा कइले के पुलिस के सुरक्षा प्लान के परखलें। खबर बा कि डीजीपी प्लान के सराहना करत श्रद्धालुअन के कौनो दिक्कत न आवे एकर निर्देश दिहल गइल बा।

खिचड़ी मेला में लागी एतना फोर्स

एडिशनल एसपी: 6, क्षेत्राधिकारी : 20, इंस्पेक्टर : 75, दरोगा : 400
महिला इंस्पेक्टर: 24, सिपाही : 1427, महिला सिपाही : 450, टीएसआई : 40, हेड कांस्टेबल ट्रैफिक : 153, सिपाही ट्रैफिक पुलिस : 192, इंस्पेक्टर एलआईयू : 7, एसआई एलआईयू : 27, हेड कांस्टेबल एलआईयू : 10, सादे वर्दी में दरोगा: 45, सादे वर्दी में सिपाही : 125 , सादे वर्दी में महिला सिपाही : 80

एतना सुरक्षा उपकरण लागी

सीसी टीवी कैमरा: 77, पीए सिस्टम : 20, फायर टेंडर उपकरण : 05, डीएफएमडी : 20, बीडीडीएस : एक यूनिट, डाग स्क्वाड : एक यूनिट, वॉच टॉवर : 9, एलईडी डिस्प्ले- 3, बैगेज स्कैनर- दो, ड्रोन- 2

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]