Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ram Setu: ‘जय श्री राम’ गाना से पहिले अक्षय उतरले जूता, सुंदरकांड के दोहा के फिलिम के एह गीत में गलत उच्चारण

4,046

सोलो हीरो के तौर प एगो हिट फिलिम बेसब्री से इंतजार क रहल अभिनेता अक्षय कुमार के सारा उम्मीद अब अपना अगिला फिलिम ‘राम सेतु’ प टिकल बा। फिलिम के ट्रेलर के हालांकि यूट्यूब प सकारात्मक प्रतिक्रिया मिल रहल बा, बाकिर एह फिलिम के सेंसर बोर्ड यूए प्रमाणपत्र दे देले बा।  जानकारी के मोताबिक फिलिम के कुछ संवादन प आपत्ति कइला के बाद एमे बदलाव सुझवला के अलावे सेंसर बोर्ड फिलिम के सुरुआत में दिखावल गइल अस्वीकरण (डिस्क्लेमर) के अवधि के बढ़ावे के निरदेस देले बा। एह बीच मुंबई में फिलिम के एगो गाना अक्षय कुमार अपना प्रशंसकन के बीच लॉन्च कइलस।

बियफे के मुंबई में अपना फिलिम के गाना के सिनेमा हॉल में उपस्थित लोगन के बीचे गाना से पहिले अक्षय कुमार मंच प आपन जूतो उतरले बाकिर एह गाना में प्रयुक्त सुंदरकांड के 57वां दोहा के गलत उच्चारण प कार्यक्रम में उपस्थिति लोग आपत्ति जता देलस। अक्षय कुमार ई गाना शुरू करे से पहिले एकर गायक के मंच प बुलावे के कहले बाकिर कार्यक्रम आयोजकन के फिलिम के गाना के एह लॉन्चिंग में शायद सारा फोकस अक्षय कुमार प रहे आ गायक आ संगीतकार विक्रम मोंटरोस के बोलावले ना गइल।

गोस्वामी तुलसीदास रचित श्रीरामचरितमानस में लंका जाये खातिर समुद्र से रस्ता मांग रहल भगवान श्रीराम के क्रोधित होखला के प्रसंग के दोहा ह, ‘विनय न मानत जलधि जड़ गई तीन दिन बीति। बोले राम सकोप तब भय बिनु होई न प्रीति।।’ जबकि फिलिम ‘राम सेतु’ के नया गाना में संगीतकार आ गायक विक्रम मोंटरोस ‘जलधि’ के बजाय बेर बेर ‘जलधी’ के उच्चारण कइलें। एह कार्यक्रम के आयोजन अक्षय कुमार के प्रचार प्रसार देखे वाली कंपनी हाइप फिलिम ‘राम सेतु’ के हाइप बनावे खातिर कइलस बाकिर फिलिम के ट्रेलर से बनल हाइप प एह गाना के नकारात्मक प्रभाव पड़त दिख रहल बा।

राम सेतु के रैप अप पार्टी-
:साभार-अमर उजाला

 

फिलिम ‘राम सेतु’ दिवाली के अगिला दिने रिलीज हो रहल बा। अक्षय कुमार के फिलिम ‘सूर्यवंशी’ के बाद रिलीज पिछला सब फिलिम ‘बच्चन पांडे’, ‘सम्राट पृथ्वीराज’ आ ‘रक्षा बंधन’ बॉक्स ऑफिस प फ्लॉप रहल बा आ एह बीच उनकर दु गो फिलिम ‘अतरंगी रे’ आ ‘कठपुतली’ वितरक ना मिलला के चलते सीधा ओटीटी प रिलीज हो चुकल बा। उनकर आवे वाला फिलिम में इमरान हाशमी के संगे ‘सेल्फी’, टाइगर श्रॉफ के साथे ‘बड़े मियां छोटे मियां’, ‘ओ माय गॉड 2’ ‘कैप्सूल गिल’ आ अभिनेता सूर्या के फिलिम ‘सूराराई पोट्रू’ के रीमेक शामिल बा।

अमेजन कंपनी के वीडियो स्ट्रीमिंग सर्विस अमेजन प्राइम वीडियो फिलिम ‘राम सेतु’ के साथ भारतीय सिनेमा के निर्माण में डेग रखले बा। फिलिम ‘सम्राट पृथ्वीराज’ के निर्देशक चंद्र प्रकाश द्विवेदियो फिलिम ‘राम सेतु’ से क्रिएटिव प्रोड्यूसर के तौर प जुड़ल बा। फिलिम के निर्देशन अभिषेक शर्मा कइलें बाड़ें। फिलिम के संवाद अभिषेक आ चंद्रप्रकाश द्विवेदी मिलके लिखले बाड़े। फिलिम में नुसरत भरुचा आ जैकलीन फर्नांडीज के अलावे दक्षिण भारतीय अभिनेता सत्य देव के अहम भूमिका बा। एह फिलिम के हिंदी के अलावे तमिल आ तेलुगूओ में रिलीज कइल जा रहल बा।

साभार: अमर उजाला

359030cookie-checkRam Setu: ‘जय श्री राम’ गाना से पहिले अक्षय उतरले जूता, सुंदरकांड के दोहा के फिलिम के एह गीत में गलत उच्चारण

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.