[the_ad_group id="30365"]

केजीएमयू अउर जिम्स नोएडा करिहें जीनोम सीक्वेंसिंग, हर जिला में बनी सैंपल सेंटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश में कोविड मरीज बढ़ल त केजीएमयू अउर जिम्स नोएडा जीनोम सीक्वेंसिंग करिहें। फिर जरूरत के अनुसार लैब के संख्या बढ़ावल जाई। जीनोम सीक्वेंसिंग के सैंपल जल्दी लैब पहुंचिहें। एकरे खातिर हर जिला में अलग से सेंटर बनावल जाई।

विशेष सचिव चिकित्सा शिक्षा दुर्गाशक्ति नागपाल बतवलें कि गुजरात अउर ओडिशा में कोरोना वायरस के नयका वैरिएंट के मिलले के बाद हर स्तर पs तैयारी तेज कs दिहल गइल बा। अगर मरीजन के संख्या बढ़ल त केजीएमयू अउर जिम्स नोएडा के अलावा अन्य चिकित्सा संस्थान में भी जांच शुरू करावल जाई।

एसजीपीजीआई, लोहिया संस्थान सहित अन्य मेडिकल कॉलेजन के तैयारी रखले के निर्देश दिहल गइल बा। जिला में नोडल अधिकारी नामित होइहें। ई अधिकारी जिला से लैब ले सैंपल पहुंचावे अउर रिपोर्ट हासिल करे के जिम्मेदारी निभइहें। विभाग के मानल बा कि एहसे जीनोम सीक्वेंसिंग में अगर कहीं नया वैरिएंट मिलsता त तत्काल ओके नियंत्रित करे में मदद मिली।

अस्पतालन के तैयारी के निर्देश

स्वास्थ्य महानिदेशक डॉ. लिली सिंह बतवली कि सब सीएमओ अउर सीएमएस के निर्देश दिहल गइल बा कि पिछला बेर जौन कोविड अस्पातल बनावल गइल। उनके एह बेर भी आरक्षित रखल जाई। अभिन मरीजन के उपचार चलत रहे, लेकिन जइसही कोविड मरीज बढ़ेने त संबंधित अस्पताल के कोविड अस्पताल में तब्दील कs दिहल जाई। मैन पावर, दवाई अउर दूसर संसाधन के भी दुरुस्त रखले में निर्देश दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]