[the_ad_group id="30365"]

546 लाभार्थियन के बांटल गइल आवास के चाबी, खिलल चेहरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज में प्रधानमंत्री आवास योजना ग्रामीण के 2021-22 में स्वीकृत 1005 में से 546 आवास के लाभार्थियन के शुक्क के चाबी देहल गइल। जरूरतमंद लोग के चेहरा खिल उठल। एह मौका पर केंद्रीय वित्त राज्यमंत्री पंकज चौधरी कहलें कि केंद्र अउरी प्रदेश के सरकार गरीबन अउरी जरूरतमंदन के मुश्किल के पूरा कइलें में जुटल बा।

उ कहलें कि जनहित के ध्यान में रखत सरकार के ओर से नीति बनावल जा रहल बा अउर ओके क्रियान्वयन करावल जा रहल बा। एह मौका पर नौतनवां विधायक ऋषि त्रिपाठी, सदर विधायक जयमंगल कन्नौजिया अउरी फरेंदा विधायक वीरेंद्र चौधरी भी आपन विचार रखलें। मुख्य विकास अधिकारी गौरव सिंह सोगरवाल कहलें कि आवास के मिलले से लाभार्थी अउरी उनके परिवार के समस्याएं कम होई। एह दौरान जिला विकास अधिकारी राकेश कुमार पांडेय अउरी अन्य अधिकारी मौजूद रहलें।

लक्ष्मीपुर में सर्वाधिक 546 लोग के सौंपल गइल आवास के चाबी

जिला के जिन 546 लाभार्थियन में आवास के चाबी सौंपल गइल ओमें लक्ष्मीपुर में सर्वाधिक 115, पनियरा में 110, फरेंदा में 90, नौतनवां में 57, सिसवा में 55, परतावल में 40, धानी में 35, घुघली में 32 व बृजमनगंज के 12 लाभार्थी शामिल रहलें।

तीन ब्लॉक के एक भी लाभार्थी को नहीं मिला आवास

प्रधानमंत्री ग्रामीण आवास योजना के लाभ जहां नौ ब्लॉकों के लाभार्थियन के दिहल गइल, उहवें सदर, मिठौरा अउरी निचलौल के लाभार्थी वंचित रह गइलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]