[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में 40 किलोमीटर के बनी नेशनल हाईवे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जनपद में 40 किलोमीटर ले एनएच-227 निर्माण खातिर शासन से मंजूरी मिल गइल बा। एकरे खातिर किसानन से भूमि अधिग्रहण करावल जाई। एकर प्रक्रिया शुरू कर दीहल गइल बा। कपरवार से मेहरौना बॉर्डर ले सड़क के बनले से बिहार जाए वालन के सहूलियत मिली। सड़क निर्माण खातिर भूमि अधिग्रहण के प्रक्रिया शुरू होखे से लोग में हर्ष बा।
वर्ष 2019 में केंद्रीय परिवहन मंत्री नितिन गडकरी रामजानकी मार्ग के चौड़ीकरण खातिर घोषणा कइले रहनें। भारतमाला शृंखला के तहत राजपत्र घोषित होखला के बाद कपरवार के उग्रसेन पुल से मेहरौना बॉर्डर ले करीब 40 किलोमीटर अंतर्जनपदीय मार्ग के चौड़ीकरण खातिर प्रक्रिया शुरू कs दीहल गइल बा। सड़क-परिवहन अउर राजमार्ग मंत्रालय के ओर से प्रकाशित अधिसूचना के बाद से भूमि अधिग्रहण के प्रक्रिया तेज हो गइल बा।

वर्तमान में सड़क के चौड़ाई सात मीटर बा। एकेमेहरौना बॉर्डर से कुंडौली ले 25 मीटर फोरलेन अउर कुंडौली से कपरवार तक 10 मीटर चौड़ा बनावल जाई। राजपत्र में कपरवार बांगर, बेलडॉड, देईडीहा, गौरा बांगर, कोटवां, लवरछी, बढ़या हरदो, बकुची, बरेंजी, मईल सहित 44 गांव के सड़क के किनारे के जमीन अधिग्रहीत कइल जाई। राजमार्ग से सटल किसानन के उनकर अधिग्रहीत कइल गइल जमीन के सर्किल रेट के चार गुना दर से मुआवजा दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]