भगवान भोलेनाथ के नगरी के नाव से जानल जाए वाला काशी के वीआईपी भक्तन खातिर बुरा खबर आ रहल बा। काशी विश्वनाथ मंदिर प्रशासन मंदिर में 25 से 27 फरवरी ले सभ वीआईपी दर्शन सुविधा पs रोक लगा देले बा, यानी कि एs 3 दिन तक हर आदमी आम नागरिक निहन मंदिर में जा सकता। शहर में श्रद्धालु के अधिका संख्या के देखत मंदिर प्रशासन इs फैसला लेले बा। मंदिर प्रशासन के कहनाम बा कि महाकुंभ खातिर भारी संख्या में भक्त काशी में प्रवेश कs रहल बाड़े।
एतना लाख लोग रोज आवत रहले
आगे बतावल गईल कि अबे तक कवनो परब चाहे कवनो खास तारीख पs काशी विश्वनाथ में मात्र 5 से 6 लाख भक्त आवत रहले, हालांकि जब से महाकुंभ शुरू भईल बा तब से काशी विश्वनाथ के दर्शन करे खातीर रोज करीब 7 लाख चाहे एकरा से जादे भक्त आवत बाड़े। अइसना में मंदिर प्रशासन कवनो मुश्किल हालात से बचे खातिर ई फैसला कइले बा।
इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क
महाशिवरात्रि पs 15 लाख ले भीड़ पहुंच सकता
आगे कहल गईल कि संभावना बा कि महाशिवरात्रि (26 फरवरी) के दिन भक्त के संख्या 14 से 15 लाख के बीच हो सकता। अयीसना में मंदिर प्रशासन भी एकरा खातीर तैयारी शुरू कs देले बा। मंदिर प्रशासन हर परिस्थिति में भीड के प्रबंधन करे के पूरा कोशिश कs रहल बा। मंदिर के मुख्य कार्यकारी अधिकारी विश्व भूषण जनता से अपील कईले बाड़े कि महाशिवरात्रि के दिन अपना सुविधा के मुताबिक पर्याप्त समय के संगे दर्शन खातीर आईं काहेंकी कतार में खड़ा होके आपके बहुत समय बर्बाद हो सकता। श्रद्धालु लोग से निहोरा कइल गइल कि कवनो तरह के असुविधा से बचे खातिर कलम, कंघी, मोबाइल फोन, बेल्ट, अन्य इलेक्ट्रॉनिक सामान, चाभी आदि घर भा होटल में छोड़ दीं।
संगही बुजुर्ग अवुरी बच्चा के भीड़ से बचे के सलाह दिहल गईल बा। बतावल जाता कि मंदिर प्रशासन घर में बईठ के बाबा के दर्शन करावे के इंतजाम कs देले बा। अइसना में रउरा सभे के बाबा के दर्शन लाइव होखे के चाहीं.