UP Breaking News Live: काशी आ तमिलनाडु, दुनो शिवमय बा, दुनो शक्तिमय बा: पीएम नरेंद्र मोदी
वाराणसी में एक महीना तक चले वाला काशी तमिल संगमम् (Kashi Tamil Sangamam) के आज पीएम नरेंद्र मोदी उद्घाटन कइलें। काशी तमिल संगमम् के माध्यम से द्रविण संस्कृति के केंद्र बिंदु तमिलनाडु के संस्कृति, खान-पान, गीत-संगीत के काशी में सीधे साक्षात्कार होखे जा रहल बा। भगवान विश्वेश्वर के धरती प रामेश्वर के संस्कृति प्रकाशमान होई। योगी सरकार एह आयोजन के सफल बनावे में जुटल बिया। कार्यक्रम में सामिल होखे खातिर पीएम मोदी काशी पहुंच गइल बाड़ें।
काशी आगमन से पहिले पीएम मोदी कइलें ट्वीट
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज वाराणसी आगमन से पहिले ट्वीट क के आपन उत्सुकता जाहिर कइले कि ऊ काशी के दौरा प रहिहें। काशी आगमन से पहिले पीएम ट्वीट क के लिखलें, ‘वाराणसी में होखे वाला काशी तमिल संगमम् कार्यक्रम में सामिल होखे के लेके बहुते उत्सुक बा। ई एगो अइसन भव्य आ ऐतिहासिक अवसर होई, जेमें भारत के सांस्कृतिक जुड़ाव आ तमिल भाषा के सुंदरता के अद्भुत संगम देखे के मिली।
बीएचयू के एम्फी थिएटर ग्राउंड में होई कार्यक्रम
काशी तमिल संगमम् कार्यक्रम खातिर वाराणसी में बीएचयू के एम्फी थिएटर ग्राउंड में तमिलनाडु के सांस्कृतिक विविधता के दर्शावे खातिर 75 स्टॉल लगावल गइल बा। एमे तमिलनाडु के हैंडीक्राफ्ट आ हैंडलूम से बनल उत्पादन के प्रदर्शित कइल जाई। एकरा अलावे फ्रीडम फाइटर्स प आधारित एगो प्रदर्शनिय लगावल जाई। नेशनल बुक ट्रस्ट के प्रदर्शनी, सेंट्रल इंस्टीट्यूट ऑफ़ लैंग्वेज के ओर से प्रदर्शनी आउर पब्लिक कन्वर्सेशन के आयोजनो होई। 30 दिन तक चले वाला काशी तमिल संगमम् में 51 सांस्कृतिक कार्यक्रमन के आयोजन होई। एमे तमिलनाडु के करीब-करीब सब रंग दिखीं।
तमिलनाडु के संस्कृति से जुड़ल सांस्कृतिक कार्यक्रम होई
तमिलनाडु के संस्कृति से जुड़ल सांस्कृतिक कार्यक्रमन में मुख्यतः मीनाक्षी चितरंजन के भरतनाट्यम, तमिलनाडु के फोक म्यूजिक, इरुला आ आउर ट्राइबल नृत्य, विल्लुपाट्ट एगो प्राचीन संगीतमय कथा-कथन, पौराणिक ऐतिहासिक ड्रामा, शिव पुराण, रामायण आ महाभारत प आधारित कठपुतली शो देखे के मिली। ई आयोजन दर्शाई कि काशी आ तमिलनाडु के भाषा, खान-पान, रहन सहन भलही अलग होखे, बाकिर अभिव्यक्ति के तरीका आ एकर आत्मा एके बा।
Comments are closed.