[the_ad_group id="30365"]

karan johar: कार्तिक-करण के बीच के मनमुटाव खतम हो गईल! एक संगे भईल स्पॉट, यूजर पूछले – दोस्ताना 2 कब आ रहल बा?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड अभिनेता कार्तिक आर्यन अउरी फिल्म निर्माता करण जौहर के बीच बहुत दिन से दरार के खबर आवता। एही बीच कार्तिक आर्यन भी धर्मा प्रोडक्शन के फिल्म दोस्ताना 2 से दूरी बना लेले रहले। जवना के संगे फिल्म भी कोल्ड स्टोरेज में चल गईल। आउटसाइडर होखला के बावजूद कार्तिक आर्यन अपना अभिनय के आधार पे बॉलीवुड में एगो नया पहचान बना लिहले बाड़न | पिछला साल जब बड़का सुपरस्टारन के फिलिमन के टीम पिटत रहुवे तब कार्तिक आर्य के फिलिम भूल भुलाईया बॉक्स ऑफिस पे जबरदस्त प्रदर्शन कइलस|

एही बीच बहुत मीडिया रिपोर्ट में दावा कईल जाता कि कार्तिक आर्य अउरी फिल्म निर्माता करण जौहर फेर से एक संगे काम करत देखाई देवे वाला बाड़े। हालही में दुनु जने के मुलाकात के बाद एक संगे देखल गइल बा | संभव बा कि दुनो लोग के बीच सिर्फ फिल्म दोस्ताना 2 के लेके बातचीत भईल होखे।

करण जौहर आ कार्तिक आर्यन के कुछ फोटो सोशल मीडिया पे तेजी से वायरल होखता। एकरा संगे-संगे एगो वायरल वीडियो में दुनो एकही बिल्डिंग से बाहर निकलत देखाई देतारे। कार्तिक आर्यन आ करण जौहर के ई वायरल वीडियो देखला के बाद ओह लोग के प्रशंसकन के उमेद बा कि दुनु जने के शिकायत खतम हो गइल बा, आ दुनु जने एक बेर फेरू मिलजुल के काम करे वाला बाड़े |

बता दीं कि दोस्ताना 2 के एलान अभिनेता करण जौहर धर्मा प्रोडक्शन साल 2019 में कइले रहुवे | एह फिलिम में कार्तिक आर्यन के भी अहम भूमिका रहे। हालांकि कहल जाता कि कार्तिक के गैर पेशेवर व्यवहार करण जौहर के संगे ठीक से ना चलल। एकरा चलते दुनो के बीच के दूरी बढ़ गईल। अब कहल जात बा कि दुनु के रिश्ता सामान्य हो गइल बा आ जल्दिए दुनु मिलजुल के काम कर सकेलें |

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]