[the_ad_group id="30365"]

Breaking: सलमान खान के एक बार फिर जान से मारे के धमकी मिलल, बतावल गईल कि उ कवना तारीख के करीहे मर्डर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सलमान खान के फेर से जान से मारे के धमकी : बॉलीवुड स्टार सलमान खान के प्रशंसकन खातिर एक बेर फेरु से चौंकावे वाला खबर सामने आइल बा | हालही में सलमान खान के धमकी देबे वाला मेल आइल रहुवे| जवना के बाद उनुकर सुरक्षा बढ़ावल गईल। बाकिर अब एक बेर फेरु सलमान खान के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा | फोन करेवाला अबकी बेर हमला के तारीख भी देले बा।

 

सलमान के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा | फोन करेवाला पुलिस कंट्रोल के फोन क के कहलस कि 30 तारीख के सलमान खान के हत्या क देब। फोन करेवाला आपन परिचय रॉकी भाई के रूप में देके कहलस कि उ जोधपुर के गोरक्षक हवे। ई फोन पिछला सोमार के रात नौ बजे मुंबई पुलिस कंट्रोल के आइलरहे|े धमकी के फोन के बाद मुंबई पुलिस मामला के जांच करतिया।

सलमान के सुरक्षा खातीर पछिला महीना से पुलिस लगातार सतर्कता में जुटल बिया। लॉरेंस बिश्नोई के धमकी के ईमेल के बाद उनुका आवास गैलेक्सी अपार्टमेंट के बहरी कड़ा सुरक्षा लगावल गईल। एह खतरा के ध्यान में राखत आजुकाल्हु उनुका प्रशंसकन के भी उनुका घर के लगे खड़ा ना होखे दिहल जात बा |

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]