[the_ad_group id="30365"]

करण जोहर के 50वां जन्मदिन पर मनल पार्टी, दिखाई देहले बड-बड सितारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के मशहूर निर्माता निर्देशक करण जोहर बुध का दिने आपन 50वां जनमदिन मनवले. काल्हु रात खुदे करण जौहर एगो भव्य पार्टी के आयोजन कइलन, जवना में इंडस्ट्री के सगरी स्टार रोशन हो गइले. ए पार्टी के फोटो ए समय हर जगह बा।


ऋतिक रोशन आ सबा आजाद के जोड़ी आजुकाल्हु हर जगह हावी बा. करण जोहर के पार्टी में दुनो लोग एक संगे पहुंचले अवुरी पपराजी के सोझा भी भयंकर पोज देले।

एह पार्टी में जुग जुग जियो के स्टारकास्ट भी देखल गइल। फिलिम के हीरो-हीरोइन कियारा आडवाणी आ वरुण धवन एह पार्टी में धमाकेदार एंट्री कइली.
भूल भुलइया 2 के माध्यम से बॉक्स ऑफिस पर हिला देवे वाली बॉलीवुड अभिनेत्री तबू भी एह पार्टी में आपन मौजूदगी के अहसास करवली।

करण जोहर के स्पेशल करीना कपूर खान अपना पति अवुरी बॉलीवुड अभिनेता सैफ अली खान के संगे ए पार्टी में आईल रहली। उनुका संगे उनुकर गर्ल गैंग भी देखल गईल।

करण जौहर के जन्मदिन के पार्टी में बॉलीवुड अभिनेत्री माधुरी दीक्षित अपना पूरा परिवार के संगे प्रवेश कईली। माधुरी पति बेटा के संगे बहुत सारा तस्वीर क्लिक कईली।

अनन्या पाण्डेय खूबसूरत गाउन में एह पार्टी में पहुंचली। उनुका संगे पार्टी में नव्य नवेली भी देखाई देलस।
करण जौहर के 50वां जन्मदिन के खास बनावे खातिर रणबीर कपूर अवुरी नीतू कपूर कवनो पत्थर ना छोड़ले।
ऐश्वर्या राय बच्चन आ अभिषेक बच्चन कान फिल्म फेस्टिवल से लवटला का बाद एह पार्टी में शामिल भइले.
सलमान खान देर रात पार्टी में पहुंचले। सलमान खान एकल हाथ पपराजी के सोझा बहुत पोज देले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]