कानपुर। पनकी आयल सीड्स कंपनी के परिसर में बुध के रात एग दिल दहला देवे वाला हादसा हो गइल। देवरिया जिला के तवक्कलपुर गांव के चार युवक- अमित कुमार बरनवाल (24), संजू सिंह (24), दाऊद अंसारी (25) आ राहुल सिंह (23)- एके कमरा में संदिग्ध हालात में मृत मिलल लोग। ई खबर मिलतही पूरा गांव में मातम पसर गइल आ के रो-रो के लाेग बेहाल हो गइल।
सब लोग कानपुर के पनकी इंडस्ट्रियल एरिया, साइड नंबर 2 के D-58 इस्थित आयल सीड्स कंपनी में वेल्डर के काम करत रहे। रोज के तरे चारो जुवक खाना खाके फैक्ट्री परिसर में बनल कमरा में सुत गइल लोग। अमित के भाई अरुण आ उनकर साथी नागेंद्र बगल वाला कमरा में आराम करे चल गइल लोग।
सबरे देर तक जब चारो युवक बाहर ना निकलल लोग, तs नागेंद्र ओकनी के जगावे गइलें। आवाज देलो पर भीतर से कवनो प्रतिक्रिया ना मिलल। आखिर में दरवाजा तुड़ल गइल तs चारो के लाश बिस्तर पs पड़े मिलल। कमरा में एगो कोयला के अंगीठी जरत मिलल, जवना के लेके अंदेसा लगावल जा रहल बा कि धुंआ के कारण दम घुटला से मौत भइल होई। बाकिर सही कारण पोस्टमार्टम रिपोर्ट से पता चली।
ई दुर्घटना कइयन गाे घर के रोशनी बुझा देलस। राहुल अपना घर के इकलौता बेटा रहे, ओहिजा दाऊद के एक साल के छोट बेटी से बाप के साया उठ गइल। गांव में जवना घर में बियाह के तइयारी चलत रहे, उहवां आज चीत्कार गूंज रहल बा। अमित बियफे के जिंबाब्वे जाये के तइयारी में रहलें, बाकिर मौत उनका के ले चल गइल।
घटना के बाद ग्राम प्रधान रणजीत सिंह सहित कइयन गो गांव वाला कानपुर खातिर रवाना हो गइल। पूरा इलाका में शोक के माहौल बा।
Read Also: Share Bazar : सेंसेक्स 446 अंक उछलल, निफ्टी 26,150 के पार- बाजार बढ़त के साथे बंद







