Share Bazar : सेंसेक्स 446 अंक उछलल, निफ्टी 26,150 के पार- बाजार बढ़त के साथे बंद 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2025

Share Bazar : बियफे के दिन शेयर बाजार जबरदस्त बढ़त के संगे बंद भइल। तेल-गैस आ चुनिंदा वित्तीय शेयर में खरीदारी, संगही बिदेसी पूंजी के नया आवक से बाजार में लगातार दूसरका दिन तेजी देखे

Share

Share Bazar : बियफे के दिन शेयर बाजार जबरदस्त बढ़त के संगे बंद भइल। तेल-गैस आ चुनिंदा वित्तीय शेयर में खरीदारी, संगही बिदेसी पूंजी के नया आवक से बाजार में लगातार दूसरका दिन तेजी देखे के मिलल। बीएसई के 30 शेयर वाला सेंसेक्स 446.21 अंक (0.52%) के बढ़त के संगे 85,632.68 पs बंद भइल। कारोबार के दौरान सेंसेक्स 615 अंक चढ़के 52 हफ्ता के सबसे ऊंच स्तर 85,801.70 तक पहुंच गइल।

ओहिजा, 50 शेयर वाला निफ्टी 139.50 अंक (0.54%) के उछाल के संगे 26,192.15 पs बंद भइल।

रुपिया बियफे के दिन अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 23 पईसा कमजोर होत 88.71 पs बंद भइल। विश्लेषक लोगन के कहनाम बा कि वैश्विक बाजार में तेजी से घरेलू सूचकांक साल के सबसे ऊंच लेवल के छू लेलस।

सेंसेक्स के प्रमुख कंपनियन के हाल

सेंसेक्स के सामिल कंपनियन में बजाज फाइनेंस, बजाज फिनसर्व, रिलायंस इंडस्ट्रीज, एचडीएफसी बैंक, टेक महिंद्रा आ एक्सिस बैंक बढ़त में रहल। जबकि एशियन पेंट्स, टाइटन, एचसीएल टेक आ हिंदुस्तान यूनिलीवर गिरावट में रहल।

भारत-अमेरिका व्यापार वार्ता से बाजार में जोश

जियोजित इन्वेस्टमेंट्स लिमिटेड के रिसर्च हेड विनोद नायर बतवलें कि भारत-अमेरिका व्यापार वार्ता में प्रगति आ पहिला चरण के समझौता के उम्मीद से भारतीय बाजार में सकारात्मक माहौल बनल। वैश्विक स्तर पs तकनीक-आधारित स्टॉक्स में तेजी के संकेत मजबूती देलस। बिदेसी निवेशक (FII) आ ऑटो, आईटी, फाइनेंस सेक्टर में खरीदारी से बाजार के धार मजबूत रहल।

एशियाई-यूरोपीय बाजार में रहल तेजी

दक्षिण कोरिया के KOSPI, जापान के Nikkei 225 आ हांगकांग के Hang Seng बढ़त में बंद भइल। शंघाई Composite गिरावट में रहल। यूरोपीय बाजार बढ़त के संगे बंद भइल, जबकि अमेरिकी बाजार बुध के दिन सकारात्मक रूप में बंद भइल।

ब्रेंट क्रूड 64.03 डॉलर प्रति बैरल

ब्रेंट क्रूड 0.83% बढ़के 64.03 डॉलर प्रति बैरल पहुंचल। बिदेसी निवेशक लोग बुध के कारोबार में 1,580 करोड़ के शेयर किनल, जबकि घरेलू संस्थागत निवेशक (DII) 1,360 करोड़ के खरीदारी कइल लोग।

Read Also: Jammu : पुलिस आ SIA के अंग्रेजी अखबार के दफ्तर पs छापा, AK-47, पिस्टल के गोली आ ग्रेनेड के लीवर बरामद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.