सऊदी अरब में भारतीयन के हज पर ले जा रहल बस हादसा के शिकार भइल, 42 के मौत के आशंका

By Shweta Supriya

Published on: Nov 17, 2025

नई दिल्ली। सऊदी अरब में एगो भयावह सड़क हादसा भइल बा, जहां 42 भारतीय उमरा यात्रियन के जान जाये के आशंका जतावल जा रहल बा। ई हादसा बीतल रात करीब 1:30 बजे मक्का से मदीना

Share

नई दिल्ली। सऊदी अरब में एगो भयावह सड़क हादसा भइल बा, जहां 42 भारतीय उमरा यात्रियन के जान जाये के आशंका जतावल जा रहल बा। ई हादसा बीतल रात करीब 1:30 बजे मक्का से मदीना जा रहल बस के संगे भइल।

खलीज टाइम्स के रिपोर्ट मोताबिक, बस में हैदराबाद से गइल उमरा यात्री सवार रहे लोग। टक्कर एतना जबरदस्त भइल कि बस में आग लाग गइल, आ घटनास्थल पs कइयन लोगन के मौत हो गइल, जबकि कइयन लोग गंभीर रूप से घायल बतावल जा रहल बा।

तेलंगाना सरकार एक्टिव, दूतावास से संपर्क में

हादसा के खबर मिलतही तेलंगाना सरकार रियाद इस्थित भारतीय दूतावास से संपर्क में आ गइल। सरकार के तरफ से बयान जारी कइल गइल कि मुख्यमंत्री रेवंत रेड्डी खुद केंद्र सरकार आ दूतावास से लगातार जानकारी ले रहल बाड़ें।

भारतीय दूतावास जारी कइलस हेल्पलाइन नंबर

भारतीय दूतावास हादसा के पुष्टि करत कहलें कि उमरा यात्रियन खातिर 24×7 कंट्रोल रूम बनावल गइल बा।
हेल्पलाइन नंबर: 8002440003

कइसे भइल हादसा?

प्रारंभिक जानकारी में मालूम पड़ल कि बस मक्का से मदीना जात रहे, तबे एगो कार से जोरदार टक्कर हो गइल। टक्कर के कारण बस में आग लाग गइल। बस में सवार अधिकांश हैदराबाद के उमरा यात्री रहे लोग, जेमे से लगभग 42 लोगन के मौत बतावल जा रहल बा।

ओवैसी के अपील

हैदराबाद के सांसद असदुद्दीन ओवैसी हादसा पs गहिराह दुख जतवलें आ केंद्र सरकार से जल्दी से जल्दी पीड़ितन के मदद पहुंचावे के गुहार लगवलें। ओवैसी बिदेस मंत्री एस जयशंकर से मांग कइलें कि मृतकन के शव भारत ले आवल जावs आ घायलन के बेहतर से बेहतर इलाज उपलब्ध करावल जावs।

Read Also: Sahara Group : सहारा ग्रुप के कंपनियन में काम करे वालन के के दी वेतन? शीर्ष न्यायालय में आज होई ‘सुप्रीम’ सुनवाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.