COP30 Summit Fire Incident : ब्राजील में COP30 जलवायु सम्मेलन के मुख्य स्थल पs लागल आग, 21 लोग घायल

By Shweta Supriya

Published on: Nov 21, 2025

सेंट्रल डेस्क। ब्राजील में संयुक्त राष्ट्र COP30 जलवायु शिखर सम्मेलन स्थल पs आग लाग गइल। पीटीआई के मोताबिक एह घटना में 13 लोग घायल भइल रहे। जेकर इलाज कइल जा रहल बा। जील के शहर

Share

Fire breaks out at main venue of COP30 Climate Summit in Brazil, 21 people injured

सेंट्रल डेस्क। ब्राजील में संयुक्त राष्ट्र COP30 जलवायु शिखर सम्मेलन स्थल पs आग लाग गइल। पीटीआई के मोताबिक एह घटना में 13 लोग घायल भइल रहे। जेकर इलाज कइल जा रहल बा। जील के शहर बेलेम में COP30 जलवायु शिखर सम्मेलन के आयोजन स्थल के कुछ हिस्सा के बियफे के आग लगला के खबरन के बाद खाली करावल गइल।

संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंटोनियो गुटेरेस घटनास्थल पs रहलें मौजूद

आग के कारण हजारन लोगन के सुरक्षित स्थानन पs भागे के पड़ल। बतावल जा रहल बा कि संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंटोनियो गुटेरेस कार्यक्रम स्थल पs मौजूद रहलें आ संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा आ संरक्षा विभाग के सुरक्षा दल उनका के तुरंत बाहर निकाल लेलें।

पर्यावरण मंत्री भूपेंद्र यादव उहवे रहलें मौजूद

मंत्रालय के एगो प्रवक्ता पीटीआई के बतवलें कि जब आग लागल तब भारत के पर्यावरण मंत्री भूपेंद्र यादव ब्लू जोन के अंदर भारतीय प्रतिनिधिमंडल के संगे मौजूद रहलें, बाकिर ऊ आ आउर अधिकारी सुरक्षित रूप से कार्यक्रम स्थल से बाहर निकल गइल लोग।

आग लगला के कारण वार्ता अचानक रुक गइल

संयुक्त राष्ट्र जलवायु बैठक (सीओपी30) ब्लू जोन में बियफे के आग लगला के कारण वार्ता अचानक रुक गइल आ प्रतिभागियन में दहशत फइल गइल। एगो अधिकारी बतवलें कि आग लगला के बाद कइयन गो लोगन के घटनास्थल पs ‘धुआं के कारण सांस लेवे में दिक्कत’ के कारण उपचार कइल गइल।

Read Also: Delhi Riots : पढ़ल-लिखल आतंकवादी ढेर खतरनाक’, दिल्ली दंगा के लेके सुप्रीम कोर्ट में बोलल पुलिस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.