“खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।
Kangana Ranaut vs Supriya Shrinate: कंगना पs विवादित पोस्ट के बाद घिरली सुप्रिया श्रीनेत; देवे के पड़ल सफाई
Share
कांग्रेस नेता आ राष्ट्रीय प्रवक्ता सुप्रिया श्रीनेत से जुड़ल एगो पोस्ट के लेके जमके बवाल मचल बा। भाजपा नेता शहजाद पूनावाला कहलें कि भाजपा के मंडी से लोकसभा टिकट पावे वाली अभिनेत्री कंगना रनौत पs सुप्रिया श्रीनेत विवादित टिप्पणी आ पोस्टरबाजी कइले बाड़ी। हालांकि, कांग्रेस नेता सुप्रिया श्रीनेत के दावा बा कि उनका नाम से सोशल मीडिया में कइयन गो पैरोडी अकाउंट बा, जवना से अइसन घिनौनी हरकत कइल गइल बा। एह बीच, राष्ट्रीय महिला आयोग हिमाचल प्रदेश के मंडी से भाजपा उम्मीदवार कंगना रनौत पs कांग्रेस नेता सुप्रिया श्रीनेत के पोस्ट ममिला पs चुनाव आयोग के एगो पत्र लिखी।
हमरा नाम पs कइयन गो फर्जी अकाउंट चल रहल बा- सुप्रिया श्रीनेत
कांग्रेस नेता सुप्रिया श्रीनेत सोशल मीडिया एक्स पs एगो पोस्ट साझा करत कहली कि जवन लोग हमरा बहुते करीब रहल बा भा हमरा संगे साथ काम कइले बा, ओह लोगन के पता बा कि हम कवनो महिला खातिर अइसन विवादित बयान नइखी दे सकत। ऊ पोस्ट में दावा कइले बाड़ी कि हमरा नाम से कइयन गो पैरोडी अकाउंट बनावल गइल बा। पोस्ट में ऊ लिखलें कि हमरा अभी पता चलल कि सोशल मीडिया पोस्ट पs हमरा नाम के कइयन गो पैरोडी अकाउंट चल रहल बा, जवना के दुरुपयोग फर्जी पोस्ट करे खातिर कइल जा रहल बा। ऊ पोस्ट में लिखली कि
ऊ पोस्ट में लिखली कि @Supriyaparody नाम से एगो अकाउंट चलावल जा रहल बा, जहां से कुछ अराजक तत्व एह घृणित कृत्य के अंजाम दिहल लो। हालांकि, हम आरोपियन के खिलाफ रिपोर्ट लिखा देले बानी।
गौर करे आला बात बा कि भाजपा बीतल अतवार के लोकसभा चुनाव के अपना उम्मीदवारन के पांचवां सूची जारी कइले रहे। जेमे हिमाचल प्रदेश के मंडी लोकसभा सीट से अभिनेत्री कंगना रनौत के भाजपा चुनावी मैदान में उतरले बिया। जवना के बाद से सोशल मीडिया में तमाम प्रतिक्रिया सामने आइल बा। एह बीच, कांग्रेस नेता आ राष्ट्रीय प्रवक्ता सुप्रिया श्रीनेत के अकाउंट से कंगना रनौत के लेके अभद्र पोस्ट कइल गइल। जवना के चलते भाजपा आ कांग्रेस एक-दोसरा पs जमके बयानबाजी कs रहल बाड़ी सs।
TAGS:Bhojpuri News, Bjp, Congress, Controversy, kangana ranaut, SUPRIYA SRINATE, SUPRIYA SRINATE Bad Comment on Kangna, Supriya Srinet
Share this article
khabar Bhojpuri Desk
khabar Bhojpuri Desk
T20 World Cup 2026 से बाहर होखतही सनथ जयसूर्या छोड़लें कोच पद, श्रीलंकाई क्रिकेट में मचल हड़कंप
T20 World Cup 2026 : न्यूजीलैंड के जीत से बदलल सेमीफाइनल के गणित, पाकिस्तान अब एह तरे सेमीफाइनल में पहुंच सकी
IND vs ZIM : सुपर-8 में भारत खातिर करs भा मरs के मुकाबला, जिम्बाब्वे से चेन्नई में भिड़ंत
Shikhar Dhawan : दिल्ली कोर्ट के बड़ फैसला, धवन के पूर्व पत्नी वापस करिहें 5.7 करोड़ रुपिया
Women Asia Cup Rising Star : टीम इंडिया बनल वुमेंस एशिया कप राइजिंग स्टार के चैंपियन, फाइनल में बांग्लादेश के देलस शिकस्त
Gorakhpur News : दयानंद टी-10 क्रिकेट प्रतियोगिता के भव्य सुभारंभ, महिला टी-10 में सुपरनोआज बनल विजेता
01 मार्च 2026 के राशिफल
28 फरवरी 2026 के राशिफल
26 फरवरी 2026 के राशिफल
Sabarimala Temple : सबरीमाला मंदिर में महिला प्रवेश पs सुप्रीम कोर्ट फेर से करी विचार, चुनाव से पहिले दुविधा में केरल सरकार