“खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।
Kangana Ranaut vs Supriya Shrinate: कंगना पs विवादित पोस्ट के बाद घिरली सुप्रिया श्रीनेत; देवे के पड़ल सफाई
Share
कांग्रेस नेता आ राष्ट्रीय प्रवक्ता सुप्रिया श्रीनेत से जुड़ल एगो पोस्ट के लेके जमके बवाल मचल बा। भाजपा नेता शहजाद पूनावाला कहलें कि भाजपा के मंडी से लोकसभा टिकट पावे वाली अभिनेत्री कंगना रनौत पs सुप्रिया श्रीनेत विवादित टिप्पणी आ पोस्टरबाजी कइले बाड़ी। हालांकि, कांग्रेस नेता सुप्रिया श्रीनेत के दावा बा कि उनका नाम से सोशल मीडिया में कइयन गो पैरोडी अकाउंट बा, जवना से अइसन घिनौनी हरकत कइल गइल बा। एह बीच, राष्ट्रीय महिला आयोग हिमाचल प्रदेश के मंडी से भाजपा उम्मीदवार कंगना रनौत पs कांग्रेस नेता सुप्रिया श्रीनेत के पोस्ट ममिला पs चुनाव आयोग के एगो पत्र लिखी।
हमरा नाम पs कइयन गो फर्जी अकाउंट चल रहल बा- सुप्रिया श्रीनेत
कांग्रेस नेता सुप्रिया श्रीनेत सोशल मीडिया एक्स पs एगो पोस्ट साझा करत कहली कि जवन लोग हमरा बहुते करीब रहल बा भा हमरा संगे साथ काम कइले बा, ओह लोगन के पता बा कि हम कवनो महिला खातिर अइसन विवादित बयान नइखी दे सकत। ऊ पोस्ट में दावा कइले बाड़ी कि हमरा नाम से कइयन गो पैरोडी अकाउंट बनावल गइल बा। पोस्ट में ऊ लिखलें कि हमरा अभी पता चलल कि सोशल मीडिया पोस्ट पs हमरा नाम के कइयन गो पैरोडी अकाउंट चल रहल बा, जवना के दुरुपयोग फर्जी पोस्ट करे खातिर कइल जा रहल बा। ऊ पोस्ट में लिखली कि
ऊ पोस्ट में लिखली कि @Supriyaparody नाम से एगो अकाउंट चलावल जा रहल बा, जहां से कुछ अराजक तत्व एह घृणित कृत्य के अंजाम दिहल लो। हालांकि, हम आरोपियन के खिलाफ रिपोर्ट लिखा देले बानी।
गौर करे आला बात बा कि भाजपा बीतल अतवार के लोकसभा चुनाव के अपना उम्मीदवारन के पांचवां सूची जारी कइले रहे। जेमे हिमाचल प्रदेश के मंडी लोकसभा सीट से अभिनेत्री कंगना रनौत के भाजपा चुनावी मैदान में उतरले बिया। जवना के बाद से सोशल मीडिया में तमाम प्रतिक्रिया सामने आइल बा। एह बीच, कांग्रेस नेता आ राष्ट्रीय प्रवक्ता सुप्रिया श्रीनेत के अकाउंट से कंगना रनौत के लेके अभद्र पोस्ट कइल गइल। जवना के चलते भाजपा आ कांग्रेस एक-दोसरा पs जमके बयानबाजी कs रहल बाड़ी सs।
TAGS:Bhojpuri News, Bjp, Congress, Controversy, kangana ranaut, SUPRIYA SRINATE, SUPRIYA SRINATE Bad Comment on Kangna, Supriya Srinet
Share this article
khabar Bhojpuri Desk
khabar Bhojpuri Desk
Nandani Sharma : WPL में हैट्रिक लेवे वाली दुनिया के चउथा गेंदबाज, जानीं केकरा-केकरा के बनवली शिकार; देखीं पूरा लिस्ट
IND vs NZ ODI : न्यूजीलैंड से पहिला वनडे से तीन घंटा पहिले भारत के बड़ झटका, पंत सीरीज से बाहर; देखीं संभावित प्लेइंग-11
IND vs NZ Playing 11 : पहिला वनडे खातिर भारत के संभावित प्लेइंग-11 कइसन रही? का पंत के मिली मौका?
WTC Points Table : ऑस्ट्रेलिया सिडनी जीत से टॉप पs मजबूत, इंग्लैंड के हालत भारत से कहीं जादे खराब
T20 World Cup 2026 : ‘भारत में खेलs ना तs अंक गंवावs’, ICC बांग्लादेश बोर्ड के अल्टीमेटम देलस?
T20 World Cup 2026 : भारत ना आई बांग्लादेश के टीम, आईसीसी से श्रीलंका में मैच करावे के मांग
17 जनवरी 2026 के राशिफल
14 जनवरी 2026 के राशिफल
Shattila Ekadashi 2026 : पारण बिना अधूरा बा व्रत, सुभ मुहूर्त आ विधि नोट करीं
13 जनवरी 2026 के राशिफल