हमनी के इहां लईका पैदा होला तs ‘आई’ आ AI दुनु बोलेला…बिल गेट्स आ PM मोदी के बातचीत के वीडियो जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2024

भारतीय खाली तकनीक ना अपना रहल बाड़े बलुक आगे भी बढ़ रहल बाड़े। हमनी के देश में जब बच्चा पैदा होखेला तs हम (माई) भी बोलेनी अवुरी एआई (आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस) भी बोलेनी। इहाँ प्रधानमंत्री नरेंद्र

Share

भारतीय खाली तकनीक ना अपना रहल बाड़े बलुक आगे भी बढ़ रहल बाड़े। हमनी के देश में जब बच्चा पैदा होखेला तs हम (माई) भी बोलेनी अवुरी एआई (आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस) भी बोलेनी। इहाँ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अरबपति निवेशक अवुरी माइक्रोसॉफ्ट के सह-संस्थापक बिल गेट्स से नई दिल्ली में पीएम के आवास पs उनुका से बातचीत के दौरान जवन बात कहले रहले। ई साक्षात्कार आजु प्रसारित भइल। एकर थीम बा ‘फ्रोम एआई टू डिजिटल पैमेंट्स’। एह बातचीत के टीजर 28 मार्च के जारी भइल रहे। बिल गेट्स बातचीत के दौरान पीएम मोदी से कहले कि भारत जवन विषय के सोझा ले आवेला ओकरा में से एगो विषय बा कि प्रौद्योगिकी सभका खातीर होखे के चाही।

न्यूज एजेंसी ANI काल बियफ़ें के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs एकर टीजर जारी भइल रहे जेमें पीएम मोदी बिल गेट्स के साथे आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI), डिजिटल रेवोल्यूशन, हेल्थकेयर, एजुकेशन, एग्रीकल्चर, नारी शक्ति, क्लाइमेट चेंज आ गवर्नेंस संघे अन्य मुद्दन पs चर्चा करत नजर आवत बाड़े

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.