[the_ad_group id="30365"]

जस्टिस डीवाई चंद्रचूड़ बनलें देश के 50वें मुख्य न्यायाधीश, राष्ट्रपति मुर्मू दियवली शपथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठतम न्यायाधीश न्यायमूर्ति धनंजय वाई चंद्रचूड़ बुध के भारत के चीफ जस्टिस (सीजेआई) पद के शपथ लेहलें। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू राष्ट्रपति भवन में देश के 50वें सीजेआई न्यायमूर्ति चंद्रचूड़ के पद के शपथ दियवली। न्यायमूर्ति चंद्रचूड़ के पिता लगभग सात साल अउर चार महीना ले प्रधान न्यायाधीश रहल रहनें, जौन शीर्ष अदालत के इतिहास में कौनो सीजेआई के सबसे लमहर कार्यकाल रहल बा।

न्यायमूर्ति चंद्रचूड़ 10 नवंबर 2024 ले दो साल ख़ातिर एह पद पर रहिहें। उच्चतम न्यायालय के न्यायाधीश 65 साल के उम्र में अवकाशग्रहण करेने। 11 अक्टूबर के न्यायमूर्ति उदय उमेश ललित उनके आपन उत्तराधिकारी बनवले के सिफारिश कइले रहनें। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू उनके 17 अक्टूबर के अगला सीजेआई नियुक्त कइले रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]