[the_ad_group id="30365"]

Hockey: भारतीय हॉकी टीम के जूनियर सितारा रहल राजीव मिश्रा के निधन, घर में मिलल शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय हॉकी 1998 में बेहतरीन प्रतिभन में सामिल रहल राजीव मिश्रा के खो देलस। संदिग्ध परिस्थितियन में ऊ वाराणसी के सारसौली क्षेत्र इस्थित अपना निवास पs मृत पावल गइलें। ऊ 46 साल के रहलें। उनका परिवार में पत्नी आ दु गो लईका बा लो। सूत्रन के मोताबिक उनकर निधन संभवत: कुछ दिन पहिलही हो गइल रहे आ आ बदबू अइला पs पड़ोसियन के सूचना पs पुलिस उनका शव के निकलस।

उत्तरी रेलवे के लखनऊ डिवीजन में वाराणसी में चीफ इंस्पेक्टर टिकट के पद पs तैनात राजीव अक्सर अकेले रहत रहलें। लंदन में 1997 में जूनियर विश्वकप में सानदार प्रदर्शन करे वाला राजीव के एक समय बहूते प्रशंसक रहे लो।

उनकर बचपन के कोच प्रेमशंकर शुक्ला कहलें कि राजीव के असमय निधन भारतीय हॉकी खातिर बड़ झटका बा। ऊ बेहतरीन कौशल के संगे एगो असाधारण खिलाड़ी रहलें। शुक्ला उनका के पहिला बेर 13 साल के उमिर में कोलकाता से वाराणसी ले आइल रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]