[the_ad_group id="30365"]

भारत के चैंपियंस ट्रॉफी में विजयी आगाज: पहिला मुकाबला में चीन के 7-2 से हरवलस, कप्तान हरमनप्रीत सिंह आ वरुण कुमार दागल लो 2-2 गोल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हॉकी एशियन चैंपियंस ट्रॉफी 2023 में भारत अपना पहिला मैच में चीन के 7-0 से हरवलस। एह जीत के संगे, भारत बेहतर गोल डिफरेंस के आधार पs एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी के पॉइंट्स टेबल में टॉप पs पहुंच गइल बा।

टीम खातिर कप्तान हरमनप्रीत सिंह (5′, 8′), सुखजीत सिंह (15′), आकाशदीप सिंह (16′) वरुण कुमार (19′, 30′) आ मनदीप सिंह (40′) गोल कs के भारत के बड़ जीत दिलवलें। जबकि ई वेनहुई (18′) आ जिशेंग गाओ (25′) चीन खातिर गोल कइलें।

टीम अगिला मुकाबला सुक के जापान से खेली। जापान बियफे के अपना सुरुआती मुकाबला में साउथ कोरिया से 1-2 से हार गइल।

मैच से पहिले, भारत के अमित रोहिदास आ सुमित के क्रमशः 150वां आ 100वां इंटरनेशनल मैच खेले खातिर सम्मानित कइल गइल।

भारत मैच में दबदबा बना के रखलस 

FIH मेंस हॉकी रैंकिंग में चउथा स्थान पs मवजूद भारत सुरू से आक्रामक रवैया अपनवलस आ दुनिया के 25वां नंबर के खिलाड़ी चीन के बैकफुट पs धकेल देलस। भारत मैच के दौरान आपन दबदबा बना के रखलस आ चेन पs लॉन्ग बॉल्स खेल के हमला कइलस। एसे भारत के पेनल्टी कार्नर मिलल, जवना के ऊ गोल में तब्दील कइलस।

टीम पहिला क्वार्टर में तीन गोल दगलस।

कप्तान दिलवलें बढ़त

सुरुआती लम्हन में कप्तान हरमनप्रीत सिंह गेना के चीनी गोलकीपर के पार पहुंचाके भारत के 1-0 के बढ़त दिला देलें।कुछ मिनट बाद हरमनप्रीत सिंह दूसरका पेनल्टी कॉर्नर पs भारत के बढ़त दोगुना कs देलें।।वरुण कुमार के ड्रैग फ्लिक पs गोलकीपर बॉल के बचवलें, बाकिर बॉल से सुखजीत सिंह रिबाउंड से गोल कइलें। पहिला क्वार्टर भारत के 3-0 के बढ़त के संगे समाप्त भइल।

भारत दूसरका क्वार्टर में लय बरकरार रखलस आ जल्दिये मैच के चउथा गोल हासिल कs लेलस। आकाशदीप सिंह चीनी हाफ में शॉट मार के गोल दगलें।

कप्तान हरमनप्रीत सिंह 5वां आ 8वां मिनट में गोल दगलें।

भारत के डिफेंस कमजोर

भारत के डिफेंस आखिरी दु क्वार्टर में ढीला नजर आइल। इएह दौरान चीन कर फायदा उठावत आपन पहिला गोल कइलस। वरुण कुमार पास के रोके में नाकाम रहलें आ चीन के ई वेनहुई ई सुनिश्चित कइलें कि ऊ बॉल के डाइविंग भारतीय गोलकीपर कृष्ण पाठक के सामने पटक देस।

गोल से स्तब्ध भारत जोश के संगे आक्रमण कइलस आ जल्दिये चार गोल के बढ़त हासिल कs लेलस। वरुण कुमार अपना गलती के भरपाई कइलें आ पेनल्टी कॉर्नर पs भारत के स्कोर 5-1 कs देलें। ब्रेक से ठीक पहिले वरुण कुमार फेर से गोल कs के हाफ टाइम से पहिले भारत के स्कोर 6-2 कs देलें। कुमार के दु हमलन के बीच गाओ जिशेंग चीन खातिर दूसरका गोल कइलें।

दूसरका हाफ में भारत अपना जीत के अंतर के बढ़वलस आ तीसरका क्वार्टर में मंदीप सिंह पेनल्टी कॉर्नर पs गोल कइलें। भारत मैच में 7-2 से जीत हासिल कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]