[the_ad_group id="30365"]

जेपी विश्वविद्यालय में स्नातक नामांकन के तिथि बढ़ल: अब 30 मई तक कs सकी लो आवेदन, 500 रुपिया शुल्क, पूरा प्रक्रिया ऑनलाइन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा : जय प्रकाश विश्वविद्यालय शैक्षणिक सत्र 2025-29 खातिर स्नातक नामांकन के अंतिम तिथि बढ़ा देले बा। अब छात्र 30 मई 2025 तक आवेदन कs सकत बा लो। पहिले अंतिम तिथि 20 मई निर्धारित रहे। ई निर्णय विद्यार्थियन के मांग पs कुलपति के निर्देशानुसार लिहल गइल बा।

सीबीसीएस के तहत डिग्री प्रोग्राम में नामांकन

सब अंगीभूत आ संबद्ध कॉलेजन में चॉइस बेस्ड क्रेडिट सिस्टम (CBCS) के तहत चार साल के स्नातक कोर्स में नामांकन होई। ई प्रणाली छात्रन के अपना रुचि आ करिअर के अनुसार विषय चुने के स्वतंत्रता देत बा। ई पहल राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 के तहत कइल गइल बा।

500 रुपिया शुल्क, पूरा प्रक्रिया ऑनलाइन

छात्र jpv.ac.in वेबसाइट पs जाके ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। आवेदन शुल्क 500 रुपिया बा, जवना के ऑनलाइन भुगतान करे के होई। विश्वविद्यालय स्पष्ट कइले बा कि मेधा सूची प्रकाशित होखला के बाद दस्तावेजन के हार्ड कॉपी के जांच कइल जाई, तबे नामांकन के प्रक्रिया पूरा मानल जाई।

तकनीकी सहायता खातिर हेल्पलाइन उपलब्ध

विश्वविद्यालय प्रशासन बतवलें कि आवेदन प्रक्रिया पूरा तरे ऑनलाइन बा। कवनो तकनीकी परेसानी खातिर वेबसाइट पs हेल्पलाइन नंबर उपलब्ध बा। संगही, छात्रन आ अभिभावकन से अपील कइल गइल बा कि ऊ खाली आधिकारिक सूचना पs भरोसा करे लोग आ समय रहते आवेदन पूरा करे लो।

Read Also: आ गइल तारीख, टीम इंडिया के नया टेस्ट कप्तान के नाम बतावे के, गौतम गंभीर करहिं ऐलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]