[the_ad_group id="30365"]

आ गइल तारीख, टीम इंडिया के नया टेस्ट कप्तान के नाम बतावे के, गौतम गंभीर करहिं ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: रोहित शर्मा के टेस्ट से रिटायरमेंट के बाद टीम इंडिया के सोझा बड़ सवाल नया कप्तान के लेके रहे। अब ओकरा ऐलान के तारीख सामने आ चुकल बा। नया टेस्ट कप्तान के नाम पs जवन सस्पेंस के बादल छाइल बा, उ अब छंटे वाला बा। गौतम गंभीर आ अजीत अगरकर मिलके नया टेस्ट कप्तान के नाम के ऐलान करी लोग। टीम इंडिया के हेड कोच आ चीफ सेलेक्टर मीडिया से मुखातिब होई लोग आ नया कप्तान से संबधित सवालन के जवाब दिही लोग।

एह दिन होई नया टेस्ट कप्तान के नाम के ऐलान

अब सवाल बा कि भारत के नया टेस्ट कप्तान के ऐलान के तारीख का बा? तs ऊ तारीख 24 मई के बा। माने दिन सनीचर के होई, जवना दिने भारत के नया टेस्ट कप्तान के नाम के खुलासा होई। अभी ले जवन खिलाड़ियन के नामन के चरचा कप्तान बनावल जाये के लेके चल रहल बा, ओमे शुभमन गिल के नाम सबसे ऊपर बा। उनका अलावे ऋषभ पंत आ जसप्रीत बुमराह के नाम पs विचार हो रहल बा।

कयासन पs लागी विराम, सामने आई नया कप्तान के नाम

नया टेस्ट कप्तान के लेके क्रिकेट महकमा में हर एक्सपर्ट के आपन-आपन राय बा। केहू शुभमन गिल के वकालत कs रहल बा तs केहू बुमराह के लेके आपन इरादा जता रहल बा। ओहिजा कुछ के कहनाम बा कि बात जब टेस्ट क्रिकेट के बा तs ऋषभ पंत के मवका दिहल जाये के चाहीं।खैर, अभी एह तरे के लाग रहल कयासन से परदा उठावे के वक्त आ गइल बा। तारीख तय हो चुकल बा जवना दिन समूचा भारत के नया टेस्ट कप्तान के नाम के पता चल जाई।

इंग्लैंड दौरा से सुरू होई नया WTC के दौर

भारत के नया वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के साइकिल के सुरुआत इंग्लैंड दौरा से हो रहल बा, जवन कि 20 जून से सुरू हो रहल बा। भारत के इंग्लैंड दौरा पs 5 टेस्ट के सीरीज खेले के बा आ ओकरा खातिर टीम चुनला से पहिले कप्तान के नाम के ऐलान कइल गलन जरूरी बा। एही के 24 मई के अमलीजामा पहनावल जाई।

Read Also: MI vs DC Weather Report: मुंबई-दिल्ली मैच पS बारिश के साया, मैच धुली तs कवना टीम के लागी झटका? जानीं समीकरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]