Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jobs: सौर ऊर्जा के क्षेत्र में नौकरी के मवका, इंजीनियर आ निर्माता के रूप में देस-बिदेस में पावल जा सकत बा जॉब

28

Jobs: कवनो करिअर के सुरुआत कइल रोमांचक होला, बाकिर ओमे ओकरा व्यक्तिगत आ पेशेवर, दुनो तरे के लाभ मिलो, तs एसे अच्छा आउर का हो सकत बा। सौर ऊर्जा उद्योग अइसने एगो क्षेत्र बा। सोलर इंडस्ट्री में इंस्टॉलर से लेके इंजीनियर आ निर्माता तक काम करे के अनगिनत अवसर बा। एह क्षेत्र में काम करे वाला पेशेवरन के भविष्य अच्छा बा, क्योंकि खाली भारते ना, बलुक बिदेस के सरकारो पर्यावरण के स्वच्छ रखे खातिर आउर नया-नया नीतियन के सुरुआत कs रहल बाड़ी सs।

अइसन में एह क्षेत्र में काम करे वाला सोलर पेशेवरन के मांग लगातार बढ़त जा रहल बा। हालांकि, सोलर इंडस्ट्री के कवना क्षेत्र में रुचि बा, एकरा आधार पs रउआ अलग-अलग कौशल, प्रशिक्षण भा प्रमाणपत्र के आवश्यकता होला।

सोलर पैनल इंस्टॉलेशन कोर्स 

रउआ राष्ट्रीय इलेक्ट्रॉनिकी आ सूचना प्रौद्योगिकी संस्थान के सोलर पावर इंस्टॉलेशन ऑनलाइन कोर्स, भारतीय सौर ऊर्जा संस्थान आउर एडवांस इलेक्ट्रिकल डिजाइन आ इंजीनियरिंग इंस्टीट्यूट के अलग-अलग ऑनलाइन सर्टिफिकेट, डिप्लोमा कोर्स आ वर्कशॉप में सामिल होके सोलर पैनल लगावे के तौर-तरीका सीख सकत बानी। एकरा अलावे स्किल इंडिया प्लेटफॉर्म पs दसवीं आ बारहवीं के छात्रन खातिर ‘सोलर पैनल इंस्टॉलेशन टेक्नीशियन’ कोर्स के पेशकश कइल जा रहल बा।

एह कोर्स खातिर रउआ आधिकारिक लिंक आधिकारिक लिंक पs जाके आवेदन कs सकत बानी। कोर्सेरा, एडएक्स आ उडेमी जइसन ऑनलाइन प्लेटफॉर्म सोलर एनर्जी में सर्टिफिकेट कोर्स करावेला।

डिग्री कोर्स 

12वीं के बाद रउआ जेईई मेन भा आउर प्रवेश-परीक्षा भा  सीधा कॉलेज काउंसलिंग के जरिये बीटेक इन सोलर एडं अल्टरनेटिव एनर्जी, बीटेक इन एनर्जी इंजीनियरिंग, बीई इन सोलर एनर्जी, बीएससी इन रिन्यूएबल एनर्जी आदि पाठ्यक्रम में स्नातक कs सकत बानी। एह क्षेत्र में रउआ एमटेक भा एमएससी इन रिन्यूएबल एनर्जी, एमटेक इन एनर्जी इंजीनियरिंग आ एमई इन सोलर एनर्जी में स्नातकोत्तर कs सकत बानी।

बेवहारिक ज्ञान 

रउआ नवीन आ नवीकरणीय ऊर्जा मंत्रालय (mnre.gov.in) के इंटर्नशिप में सामिल होके एह क्षेत्र के बेवहारिक ज्ञान पा सकत बानी। दु से छव महीना के एह इंटर्नशिप में चयनित छात्रन के हर महीना 15,000 रुपिया के स्टाइपेंड दिहल जाला। एकरा अलावे रउआ सोलर एनर्जी कॉरपोरेशन ऑफ इंडिया लिमिटेड, नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी माने एनआईटी आ दिल्ली टेक्निकल यूनिवर्सिटी के इंटर्नशिप में सामिल होके काम करे के अलग-अलग तरीकन के बारे में जान सकत बा।

भारत आ बिदेस में मवका 

रउआ अलग-अलग सरकारी आ निजी संस्थानन में बतौर सोलर फोटोवोल्टिक इंस्टॉलर, सोलर इंजीनियर, एनर्जी एनालिस्ट एंड कंसल्टेंट जइसन पदन पs काम कs सकत बा। बिदेस में नौकरी करे के इच्छुक इबरड्रोला एसए, जीई वर्नोवा, नेक्स्टएरा एनर्जी, कॉन्स्टेलेशन एनर्जी कॉर्प जइसन कंपनियन में नौकरी कs सकत बा लो।

994450cookie-checkJobs: सौर ऊर्जा के क्षेत्र में नौकरी के मवका, इंजीनियर आ निर्माता के रूप में देस-बिदेस में पावल जा सकत बा जॉब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.