Bihar News: बिहार आज रची इतिहास, एक साथे तीन ट्रांसजेंडर बनिहें दरोगा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

बिहार देश के पहिला राज्य बन जाई जहवां तीन किन्नर के एक संगे इंस्पेक्टर पद खातिर नियुक्ति पत्र दिहल जाई। असल में राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राज्य के नवनियुक्त 1239 पुलिस उप निरीक्षक (निरीक्षक)

Share

बिहार देश के पहिला राज्य बन जाई जहवां तीन किन्नर के एक संगे इंस्पेक्टर पद खातिर नियुक्ति पत्र दिहल जाई। असल में राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राज्य के नवनियुक्त 1239 पुलिस उप निरीक्षक (निरीक्षक) के नियुक्ति पत्र दिहें। बिहार में पहिला बेर ए मौका पऽ ट्रांसजेंडर पुलिस उपनिरीक्षक के नियुक्ति पत्र सौंपल जाई।

बता दीं कि एमें एगो ट्रांसवुमन आ दू गो ट्रांसमैन शामिल बाड़े। मनवी मधु कश्यप पहिला ट्रांसवुमन हई जे सब इंस्पेक्टर बनल बाड़ी। जबकि, रोनित झा अउरी बंटी कुमार ट्रांसमैन हउवें। बिहार देश के पहिला राज्य बन जाई, जहवां इंस्पेक्टर पद खातिर नियुक्ति पत्र एक संगे तीन ट्रांसजेंडर के सौंपल जाई।

बापू सभागार में आयोजित आयोजन

गृह विभाग आ पुलिस मुख्यालय के ओर से 21 अक्टूबर के नियुक्ति पत्र वितरण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल बा। पुलिस मुख्यालय से बुध के मिलल जानकारी के मुताबिक गांधी मैदान इस्थित बापू सभागार में इ कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल बा।

उपमुख्यमंत्री आ डीजीपी मौजूद रहीहें

एह अवसर पऽ प्रदेश के उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी आ उपमुख्यमंत्री विजय कुमार सिन्हा, गृह विभाग के प्रधान सचिव अरिवंद कुमार चौधरी, प्रदेश पुलिस महानिदेशक आलोक राज आ पुलिस मुख्यालय के वरिष्ठ पुलिस अधिकारी भी मौजूद रहीहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.