[the_ad_group id="30365"]

Indian Navy SSR Final Result 2024: भारतीय नौसेना एसएसआर-एमआर अंतिम परिणाम जारी, तुरंत एह लिंक से करी डाउनलोड

Indian Navy SSR Final Result 2024 - फोटो : freepik
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Indian Navy SSR Final Result 2024: भारतीय नौसेना के आधिकारिक साइट पs एसएसआर (वरिष्ठ माध्यमिक भर्ती) 02/2024 आ मैट्रिक भर्ती (MR) खातिर अंतिम परिणाम जारी कs दिहल गइल बा। जवन उम्मीदवार लिखित परीक्षा आ शारीरिक फिटनेस टेस्ट देले रहस, ऊ अब आधिकारिक भारतीय नौसेना के वेबसाइट पs अपना चयन इस्थिति के जांच कs सकत बा लो।

परिणाम तक पहुंचे खातिर, उम्मीदवारन के अपना पंजीकृत ईमेल आईडी आ पासवर्ड के उपयोग कs के आधिकारिक पोर्टल पs लॉग इन करे के होई।

इंडिय नेवी एसएसआर पदन खातिर अग्निवीर भर्ती परीक्षा के आयोजन नव से 11 जुलाई, 2024 के कइल गइल रहे। ओहिजा, एमआर पदन खातिर परीक्षा के आयोजन 12 से 15 जुलाई, 2024 तक करावल गइल रहे। एकरा खातिर इंडियन नेवी एडमिट कार्ड के तीन जुलाई के जारी कइल गइल रहे।

एह दिन होई परीक्षा

भारतीय नौसेना के एसएसआर आ एमआर पदन के चयन प्रक्रिया दु चरणन में होला। पहिला चरण में, उम्मीदवारन के भौतिकी, रसायन विज्ञान आ जीव विज्ञान में उनका 12वीं कक्षा के अंकन के आधार पs शॉर्टलिस्ट कइल जाला। दूसरका चरण में एगो लिखित परीक्षा आ एगो शारीरिक फिटनेस टेस्ट (PFT) सामिल बा।

रिजल्ट अइसे करी चेक

  • सबसे पहिला उम्मीदवार भारतीय नौसेना के आधिकारिक वेबसाइट (joinindiannavy.gov.in) पs जाईं।
  • एकरा बाद SSR आ MR फाइनल रिजल्ट 2024 से संबंधित लिंक के खोजीं।
  • अब रउआ अपना लॉगिन क्रेडेंशियल दर्ज करे के होई।
  • क्रेडेंशियल सबमिट कइला के बाद, राउर परिणाम स्क्रीन पs प्रदर्शित होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]