[the_ad_group id="30365"]

ई बा Jio के सबसे सस्ता प्रीपेड प्लान, अनलिमिटेड कॉलिंग के संगे मिलेला 14GB डेटा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ई बा Jio के सबसे सस्ता प्रीपेड प्लान, अनलिमिटेड कॉलिंग के संगे मिलेला 14GB डेटा

Jio Cheapest Plan: अभियो कइयन ग्राहक अइसन बा लो जे 4G सर्विस के इस्तेमाल कs रहल बा आ जेकर मोबाइल डेटा जरूरत बहुत जादे नइखे। जदि रउआ खातिर रोज 1GB भा 1.5GB डेटा काफी बा तs रउआ कंपनी के सस्ता रिचार्ज प्लान चुन सकत बानी। हमनी के Jio के सबसे सस्ता दैनिक डेटा प्लान के एगो लिस्ट लेके आइल बानी सs।

टेलीकॉम कंपनी रिलायंस जियो के लगे भारतीय बाजार में सबसे बड़ यूजरबेस बा अब एकर 5जी रोलआउट तेजी से हो रहल हs। हालांकि, अभियो कइयन ग्राहक अइसन बा लो जे 4G सर्विस के इस्तेमाल कs रहल बा आ जेकर मोबाइल डेटा जरूरत बहुत जादे नइखे।

जदि रउआ खातिर रोज 1GB भा 1.5GB डेटा काफी बा तs रउआ कंपनी के सस्ता रिचार्ज प्लान चुन सकत बानी। हमनी के Jio के सबसे सस्ता दैनिक डेटा प्लान के एगो लिस्ट लेके आइल बानी सs।

Jio 123 रुपिया वाला रिचार्ज प्लान

रउआ के बता दीं कि जियो के सबसे सस्ता 123 रुपिया वाला रिचार्ज प्लान में यूजर्स के 28 दिन में 14GB डेटा मिलेला। माने हर दिन मात्र 500MB डेटा इस्तेमाल कs पाएम। रउआ 28 दिन तक कवनो नेटवर्क पs फ्री कॉलिंग कs सकत बानी। ई प्लान ओह लोगन खातिर वैल्यू फॉर मनी प्लान बन जाला जेकरा कम डेटा आ जादे वॉयस कॉलिंग के जरूरत होला।

149 रुपिया के डेली डेटा प्लान

जियो के सबसे सस्ता रिचार्ज प्लान 149 रुपिया के बा आ ई 20 दिनन के वैलिडिटी के संगे आवेला। एह प्लान में रोजाना 1GB डेटा मिलेला आ सब नेटवर्क पs अनलिमिटेड कॉलिंग के अलावे 100 एसएमएस भेजे के विकल्प मिलेला। ई प्लान JioTV,  JioCinema आ JioCloud ऐप्स के एक्सेसो देला।

179 रुपिया वाला डेली डेटा प्लान

179 रुपिया वाला प्रीपेड प्लान में सब्सक्राइबर्स के 24 दिन के वैलिडिटी मिलेला आ रोजाना 1GB डेटा दिहल जा रहल बा।  ई प्लान अनलिमिटेड कॉलिंग आ रोजाना 100 एसएमएस भेजे के विकल्पो देला। रिचार्ज के बाद यूजर्स JioTV, JioCinema आ JioCloud ऐप्स के इस्तेमाल कs सकत बा।

209 रुपिया के डेली डेटा प्लान

28 दिनन के वैलिडिटी के संगे आवे वाला एह प्लान में रोजाना 1GB डेटा मिलेला। सब नेटवर्क पs अनलिमिटेड कॉलिंग के अलावे रोजाना 100 एसएमएसो मिलेला। एकरा अलावे, ग्राहक JioTV, JioCinema आ JioCloud ऐप्स तक पहुंच सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]